सखुवा पर्सौनी गा.पा. से एक जने सिकारी हथियार सहित पकडईलें
मेघराज राय
जीराभवानी १६ असाढ
पर्सा मे चित्तल के मासु खारहल अवस्था मे एक जने पकडाईल बाडन ।
सखुवा पर्सौनी गाँवजपालिका–१ औराह रहेवाला करिब ५० बरीस के लक्ष्मण माझी मुसहर बन्दुक सहित पकडाईल बाडन ।
डिभिजन वन कार्यालय से खटल सशस्त्र वन रक्षक के टोली आ राष्ट्रिय निकुंज के सुरक्षार्थ खटल नेपाली सेना आ बन गस्ती टोली सोमार के दिने माझी के पकडले बा ।
छापामारी के समय मे बाह्र बोर के एकनाले बन्दुक भी बारामद भईल डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के प्रमुख वन अधिकृत राजेश्वरमान श्रेष्ठ जानकारी देहले बानी ।
“एक नाले बाह्र बोर बन्दुक भी बरामद भईल बा । घटना मे संलग्न आउर के खोजी हो रहल बा,” कहके बतवनी ।
डिभिजन वन कार्यालय से अनुसन्धान अधिकृत तोकके घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान आ कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावे के जिम्मेवारी देहल उ बतवनी ।
सबडिभिजन वन कार्यालय मनवा आ पर्सा राष्ट्रिय निकुंज के महादेव पोष्ट के टोली माझी के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
छाला आ सिंग ना मिलल अनुसन्धान अधिकृत तोकल सहायक वन अधिकृत फरमान मिया बतवले बानी । “वन्यजन्तु के सिकार कईल संगठित अपराध हि ह,” कहत उ, “चित्तल के अवैध सिकार करके लिया के पका के खाईल जईसन देखल गईल बा” कहके बतवनी ।
पकडाईल माझी से बयान लेवेके बाँकी रहल आ बयान के बाद आउर खुलेके मिया बतवनी ।






