९१ हजार भारतीय रोपेया सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज १६ असाढ

पर्सा से स्रोत ना खुलल ९१ हजार भारतीय रोपेया सहित एक जने पकडाईल बाडन ।

पकडाएवाला मे पोखरीया नगरपालिका–२ लमरिया निवासी २८ बरीस के मनोज यादव रहल बाडन ।

सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउट पोष्ट अलौ के सशस्त्र प्रहरी नायब निरीक्षक रामशरण पुडासैनी नेतृत्व के टोली उनका के अलौ भन्सार से नियन्त्रण मे लेहले बा ।

ना १५ प ५८३८ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार उनकर झोरा चेकजाँच करेके समय मे सशस्त्र पुलीस के टोली ९१ हजार भारतीय रोपेया बरामद कईले बा ।

ड्युटी खटल सशस्त्र पुलीस के टोली सीमा क्षेत्र मे भिड ना करेके कहके यादव लगायत के आदमीसब के कहला पर भी यादव भारत से आदमी आवत बाडन भेट करके फिर्ता जाएम कहके सशस्त्र पुलीस से निहोरा कईले रहलन ।

पोखरिया से आफन्त भेट करे आईल उनका के बहुते अलमल ना करेके कहके जाए खातिर सशस्त्र पुलीस अनुमति देहले रहे ।

माकिर कुछ देर के बाद झोरा लेके फिर्ता भईला के बाद चेकजाँच कईला पर उनकर साथ से ५÷५ सय के १ सय ८२ थान भारु नोट बरामद भईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

यादव घरायसी काम के खातिर भारत मे रहल आफन्त से कर्जा उधार लेहल दाबी कईले बाडन ।

बरामद रोपेया आ उनकर प्रयोग कईल मोटरसाइकल सहित उनकाके जरुरी कारबाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे पठावल गईल सशस्त्र प्रहरी के एक अधिकारी जानकारी देहले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।