जनकपुर ल्याब मे कोरोना पोजेटिभ, हेटौंडा मे नेगेटिभ

रौतहट १६ असाढ

जनकपुरस्थित प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला कोरोना पोजेटिभ भईल रिपोर्ट देहला के बाद सोमार के सँझिया रौतहट जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के अधिकारीलोग तनाव मे पडल बाडन ।

स्वास्थ्य कार्यालय के ४ कर्मचारी आ एक जने गैर सरकारी संस्था के कर्मचारी करके ५ जने मे पोजेटिभ आईल कहला के बाद फेनु स्वाब संकलन करके रातारात बागमती प्रदेश के प्रयोगशाला हेटौंडा मे जाँच के खातिर पठावल गईल ।

माकिर हेटौंडा मे परीक्षण कईला पर उलोग मे कोरोना संक्रमण ना भईल मिलल बा ।

“हेटौंडा के ल्याब मे निहोरा करके जलदी से परीक्षण करईला पर आजु उ पाँच जने के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा” जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख महेश साह कहनी कि, “सद्धे आदमी के भी संक्रमित भईल कहके रिपोर्ट देहल दुखद ह ।”

ई घटना से जनकपुर प्रयोगशाला उपर गम्भीर सवाल उठावल स्वास्थ्य प्रमुख साह बतवनी ।

जनकपुर ल्याब के रिपोर्ट के बाद कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ लगायत के काम शुरु करे से पहिले फेनु दोसर ल्याब से परीक्षण करा के देखेवाला निष्कर्ष के बाद हेटौंडा मे परीक्षण करेके पठावल गईल रहे ।

संक्रमित के लगे भी ना पडल आ कार्यालय मे मात्र काम करेवाला कर्मचारी के पोजेटिभ रिपोर्ट अईला के बाद शंका लाग के हेटौंडा मे परीक्षण करे पठावल प्रमुख साह बतवनी ।

गौर अस्पताल के एक कर्मचारी के बेटा मे कुछ दिन पहिले संक्रमण पुष्टि भईला के बाद बितल ११ गते बियफे के दिने स्वास्थ्य कार्यालय के २३ जने के स्वाब संकलन करके परीक्षण के खातिर पठावल गईल रहे । जउना मेसे १२ जने के रिपोर्ट एकरा से पहिले हि नेगेटिभ आईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।