बारा मे दु स्थानीय तह टाडका पीडित के राहत दिहें

प्रभु यादव

बारा १९ असाढ,

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका आ फेटा गाँवपालिका मे टाडका से मृत्यु भईल परिवार के आर्थिक सहजोग करेके निर्णय कईले बा । दुनु पालिका आपन पालिका मे मृत्यु भईललोग के परिवार के आर्थिक सहजोग करेके भईल बा । बियफे के दिने सबेरे वर्षात सँगे पडल टाडका से कलैया उपमहानगरपालिका–१२ शीतलपुर मे दु जने आ फेटा गाँवपालिका–१ त्रिवेणी मे २ जने करके चार जने जनानी के मृत्यु भईल रहे ।

कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख राजेश राय यादव टाडका से मृत्यु होखेवाला परिवार के प्रति परिवार ५५ हजार रोपेया देवेके निर्णय भईल जानकारी देहनी । कलैया मे ३५ बरीस के आशादेवी महतो, ४५ बरीस के हलिमा खातुन के मृत्यु भईल बा । एहितरे फेटा गाँवपालिका भी मृतक के परिवार के ५० हजार रोपेया देवेके निर्णय कईले बा । गाँवपालिका प्रमुख अमिरि प्रसाद गाँवपालिका काज किरिया खर्च वापत प्रति मृतक परिवार के ५० हजार देवेके जानकारी देहनी ।

फेटा गाँवपालिका–१ त्रिवेणी के ३० बरीस के इन्दुदेवी महतो आ ४० बरीस के सुनरपति देवी महता के टाडका से मृत्यु भईल रहे । एकरा से पहिले प्रदेश सरकार टाडका से मृत्यु भईल परिवार के प्रति परिवार १ लाख रोपेया देवेके घोषणा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।