आउर १८० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, २६४ डिस्चार्ज

काठमाण्डु २२ असाढ,
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर १८० जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा सँगे संक्रमित के संख्या १५ हजार ९६४ पुगल बा । उलोग मेसे ३५ जने के मृत्यु भईल बा आ ६ हजार ८११ जने डिस्चार्ज भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी काठमाण्डु मे २४ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।
एहितरे ललितपुर के २० जने, लमजुङ के ११, भक्तपुर के १०, सप्तरी, कैलाली, आ कास्की के ८÷८ जने, गोरखा के ७, बाग्लुङ, सर्लाही आ रौतहट के ६÷६ जने, सिन्धुपाल्चोक, नवलपरासी, मकवानपुर, डडेलधुरा आ झापा के ५÷५ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
प्युठान आ काभ्रे के ४÷४ जने, ओखलढुंगा, खोटाङ, चितवन आ पाल्पा के ३÷३ जने, सिराहा, सुनसरी, दोलखा, सिन्धुली आ दाङ के २÷२ जने तथा नुवाकोट, चितवन, बारा, जाजरकोट, जुम्ला, धादिङ, नवलपुर, संखुवासभा, ताप्लेजुङ, अर्घाखाँची आ उदयपुर के एक÷एक जने मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कोरोना संक्रमण से ठिक होके घर फिर्ता होखेवाला के संख्या २६४ रहल बा । डिस्चार्ज होखेवाला के कुल संख्या ६ हजार ८११ पुगल बा ।






