ठोरी गाँवपालिका द्वारा संचालित सर्पदंश केन्द्र मे २६ जने के सफल ईलाज भईल

मेघराज राय

जीराभवानी २४ असाढ,

गर्मी बढला सँगे पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे जहरीला साँप के काटल घटना बढल बा । कुछ दिन पहिले साँप के काटला से गम्भीर घायल सुवर्णपुर के एक जनानी ठोरी–४ मे रहल सर्पदंश उपचार केन्द्र मे सफल ईलाज भईला के बाद घर गईल बानी । जहरीला गहुवन साँप के काटला से सुवर्णपुर के शान्ता स्याङ्बो बितल शुक के दिने गम्भीर घायल भईल रहनी । ओकरा बिहान भईला एक जने डिस्चार्ज ना होते जीराभवानी १ महादेवपट्टी के एक जनानी के आपन खेत मे रोपाई करेके समय मे साँप कटलख । उ जनानी के भी उहे सर्पदंस केन्द्र मे सफल ईलाजथ के बाद डिस्चार्ज होके घर गईल बाडि । स्याङ्बो के शुक के सबेरे घर के कोठरी सरसफाई करेके समय मे गहुवन साँप काटल सर्पदंश उपचार केन्द्र व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष मान बहादुर श्रेष्ठ बतवनी ।

साँप के काटला से घायल स्याङबो के बेहोस अवस्था मे ईलाज के खातिर सर्पदंश ईलाज केन्द्र मे लियावल गाँवपालिका अध्यक्ष पिएल श्रेष्ठ बतवनी । बेहोस अवस्था मे ईलाज करा रहल स्याङ्बो के भर्ना भईला करीब ३० घण्टा के बाद डिस्चार्ज कईल रहे । सर्पदंश केन्द्र मे अभी तक ईलाज सफल भईल ईलाज केन्द्र के प्राविधिकलोग के कहनाम के उद्धृत करत अध्यक्ष श्रेष्ठ बतवनी । नेपाली सेना के प्राविधिक सहजोग, ठोरी गाँवपालिका के आर्थिक सहजोग आ स्थानीय निर्मल मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति आ कुसुमबाटिका मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति के व्यवस्थापन मे संचालित केन्द्र अभी साँप आ विच्छी के काटला से घायल भईललोग के खातिर निशुल्क ईलाज करत आईल बा । ठोरी गाँवपालिका आवेवाला आर्थिक बरीस से उ ईलाज केन्द्र मे कुकुर के काटला से घायल भईललोग के भी निशुल्क ईलालज के व्यवस्था करे लागल गापा के अध्यक्ष श्रेष्ठ बतवनी ।

ठोरी गाँवपालिका पर्सा के सदरमुकाम बीरगंज से लगभग ५३ किलो मिटर के दुरीमा आ उ क्षेत्र पर्सा के दुर्गम क्षेत्र मानल जाला । पहिले उ क्षेत्र से सदरमुकाम बीरगंज लियावत समय रास्ता मे हि साँप के काटला से दर्जनो आदमी के मृत्यु होत रहे माकिर अभी गाँवपालिका के लगानी मे उ सर्पदंस केन्द्र स्थापित भईला पर स्थानीय तथा पडोसी गाँवपालिका जिराभवानी, पटेर्वासुगौली, जगरनाथपुर गाँवपालिका लगायत के वासी के सहजोग पुगल जीराभवानी गाँवपालिका १ के स्थानीय शिक्षक रामप्रीत महतो बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।