नेकपा विवाद : पूर्व एमाले के प्रदर्शन मे पूर्व माओवादी के अवरोध

सप्तरी २४ असाढ,
जिल्ला मे सत्तारुढ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के एगो समूह प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के समर्थन मे प्रदर्शन करेके खोजला पर दोसर पक्ष अवरोध कईले बाडन । तत्कालिन नेकपा एमाले पक्षधर नेता सुखराम यादव, अशोक यादव, अखिलेश झा, दुर्गानन्द ठाकुर लगायत के कार्यकर्ता स्थानीय शिव मन्दिर प्राङ्गण से प्रधानमन्त्री ओली के समर्थन मे जुलुस निकालेके तइयारी कईले रहलन ।
माकिर पूर्व माओवादी के नेता उमेश यादव आ उनकर समर्थकलोग आके जुलुस निकाले मे अवरोध कईले बाडन । ई विवाद के चलते शिव मन्दिर प्राङ्गण के अवस्था तनावपूर्ण बनल रहे । पुलीस अईला के बाद अवस्था सामान्य बनल रहे । जुलुस निकाले से रोकेवाला नेता उमेश यादव पार्टी के विवाद के बारे मे स्थायी कमिटि मे छलफल चल रहला से केहु के समर्थन भा विरोध मे जुलुस प्रदर्शन करेके ना होखी कहके बतवनी । “हम उहे बात जुलुस मे सहभागी होखे आईललोग के सम्झावल,” कहके बतवनी ।






