आउर ११८ जने मे कोरोना संक्रमण, १२० जने डिस्चार्ज

काठमाण्डु २६ असाढ,

पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ११८ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या १६ हजार ६४९ पुगल बा ।

उलोग मेसे ३५ जने के मृत्यु भईल बा आ ८ हजार ११ जने ठिक होके घर गईल बाडन । पिछिलका २४ घण्टा मे १२० जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।

मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी संक्रमित काठमाण्डु जिल्ला मे थपाईल बाडन । काठमाण्डु मे मात्र २८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे ललितपुर मे १३, सुर्खेत मे ११, सर्लाही आ तनहुँ मे ८÷८ जने, गुल्मी के ६ जने आ धनुषा, महोत्तरी आ पाल्पा के ४÷४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

इलाम, पाँचथर, सिराहा, काभ्रे, रौतहट, बाग्लुङ, नवलपरासी आ दैलेख के २÷२ जने तथा रसुवा, डोटी, चितवन, बाँके, भक्तपुर, रामेछाप, सिन्धुली, सिन्धुपाल्चोक, रुपन्देही, मकवानपुर, धादिङ, कैलाली, गोरखा, बाजुरा, डोल्पा आ सल्यान मे एक÷एक संक्रमित थपाईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।