कांग्रेस केन्द्रीय खेलकुद विभाग के सदस्य मे मनिभुषन यादव चयन

प्रभु यादव
बारा २७ असाढ
बारा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ प्रदेशसभा “ख” से २०७४ साल के तत्कालिन निर्वाचन मे नेपाली काँग्रेस पार्टी से प्रदेशसभा सदस्य मे प्रत्यासी उमेदवार रहल मणिभुषन यादव नेपाली काँग्रेस के केन्द्रिय खेलकुद बिभाग के सदस्य मे मनोनित भईल बानी ।
नेपाली काँग्रेस के केन्द्रिय सदस्य पुर्व मन्त्रि तथा खेलकुद बिभाग के प्रमुख मोहन बहादुर बस्नेत असाढ २६ गते यादव के मनोनयन कईले बानी ।
देशभर से २३ जने के उ समिति के सदस्य मे मनोनयन कईल आ बारा से यादव अकेले पडल बाडन ।
सरल स्वभाव के यादव निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ के नेता के रुप मे कम समय मे हि परिचित भईल बानी ।
जनता के दुःख सुख मे हरदम लागेवाला उ काँग्रेस वृत मे लोकप्रिय नेता के रुप मे चिन्हानी ।
अभी उ नेपाली काँग्रेस के महासमिति सदस्य बानी ।
नेपाली काँग्रेस के युवा नेता भी रहल यादव पत्रकारलोग से बातचीत करत बारा मे खेलकुद के बिकास के खातिर खुद दिनरात एक करके लागेके आ पार्टी से देहल जिम्मेवारी के ईमान्दारी पूर्वक निभावे के प्रतिबद्धता जजनवले बानी ।






