श्रीसिया नदी से जलकुम्भी लगायत के कचरा निकालल गईल

वीरगंज २८ असाढ

वीरगंज महानगरपालिका होत बहेवाला श्रीसिया नदी के बहाव क्षेत्र अतिक्रमण के चपेटा मे पडल बा ।

ओकरा उपर नदी मे होखेवाला जलकुम्भी झार से वर्षात के समय मे पानी बहे ना देवेला ।

खासकरके पुल मे जाके जलकुम्भी अडकेला । ओकरा चलते पानी बस्ती मे घुसेला ।

ई बरीस वीरगंज आ आसपास के क्षेत्र मे खासे बेसी पानी पडल नइखे । फिरभी वीरगंज के घडिअर्वा मसानघाट होत रामगढवा जाएवाला रास्ता के श्रीसिया नदी पुल मे जलकुभ्भी से तोपाईल रहे ।

पुल मे जलकुम्भी अडकला से पोखरा बनला के बाद पानी रामगढवा ओरी जाएके अवस्था आईल ।

घडिअर्वा स्पोर्टस क्लब वीरगंज महानगरपालिका, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा, जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा, विपद् व्यवस्थापन कार्यदल प्रदेश नम्बर २ वीरगंज के सहजोग मे सफा कईल गईल बा ।

सल्लाहकार मनोहर साह श्रीसिया पुल मे जलकुभ्भी से तोपईला से पानी बस्ती ओरी जाएके स्थिति भईला के बाद सरोकारवाला निकाय से निहोरा कईल बतवनी ।

“जलकुम्भी ना हटईला पर पानी परते मातर बस्ती डुबान मे पडेके जोखिम देखल गईल ।

दु दिन से महानगरपालिका मे ताकेता करत रहनी,” कहत उ, “महानगरपालिका जेसीबी पठवलख, सरोकारवाला सभी पक्ष के सहभागिता मे झार हटावल गईल ।”

जलकुम्भी हटावे खातिर वीरगंज महानगरपालिका दु गो जेसीबी पठवले रहे । विपद् व्यवस्थापन गुल्म के पुलीस लाइफ ज्याकेट पहिन के नदी मे घुस के जलकुम्भी किनार मे लियावे खातिर मद्धत कईले रहलन ।

जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी निरीक्षक कमलराज पण्डित समुदाय प्रहरी साझेदारी अन्तर्गत स्वच्छ एवं व्यवस्थित वीरगंज बनावे के अभियान अन्तर्गत पुल मे अडकल जलकुम्भी हटावल बतवनी ।

“सभी जने मिल के सबेरे नदी से जलकुम्भी किनार मे लियावल गईल, ओकरा बाद नगरपालिका के जेसीबी से किनार से हटावे के काम कईले बा,” कहके बतवनी ।

एहितरे दु दिन पहिले मनसुन सुरु भईला के बाद आवे सकेवाला विपद् के बारे मे जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति मे छलफल भइल बा ।

बईठक मे मनसुन से जिल्ला मे पारे सकेवाला प्रभाव आ करेवाला तइयारी के बारे मे छलफल भईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की जानकारी देहनी ।

“बाढ आवे सकेवाला जोखिम क्षेत्र पहिचान कईल गईल बा, उ जगहा मे विद्यालय लगायत उच्च जगहा मे रहल सार्वजनिक भवन खोज के राखेके निर्णय भईल बा,” कहत उ, “उ बाहेक विपद्ध मे खटेवाला सभी निकाय आ पालिका के तइयारी अवस्था मे रहेके आ राहत सामान के प्याकेट तइयारी राखेके कहल गईल बा ।”

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के सभाहल मे शुक के दिने बईठल बईठक से मनसुन पूर्व तइयारी तथा प्रति कार्य योजना २०७७ परिमार्जन सहित पारित कईले बा ।

एहितरे बईठक से विपद मे खटे खातिर अनेकन निकाय के जिम्मेवारी तोकल, १४ गो पालिका के तइयारी अवस्था मे रहे खातिर निहोरा कईल, बाढ के जोखिम क्षेत्र पहिचान कईल, राहत सामान तइयारी अवस्था मे राखेके भी निर्णय कईले बा ।

समिति के ओरी से सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत बितल जेठ २९ गते कार्ययोजना तइयार करके गृह मन्त्रालय अन्तर्गत के राष्ट्रिय विपद् जोखिम न्युनिकरण तथा व्यवस्थापन प्राधिकरण सिंहदरबार काठमाण्डु मे पठावल बतवनी ।

पर्सा जिल्ला मे बाढ मुख्य प्रकोप के रुप मे रहत आईल बा । वीरगंज महानगरपालिका, पोखरिया नगरपालिका आ १० गो गाँवपालिका के बहुते जगहा संकटापन्न अवस्था मे बा । २४ हजार ३ सय ६८ घरधुरी मे रहेवाला १ लाख ४८ हजार ६ सय ८६ जने बाढ से प्रभावित होखेके प्रतिकार्य योजना मे उल्लेख बा ।

१७ हजार ५ सय ७३ हेक्टर जमिन, ६ गो विद्यालय आ एगो स्वास्थ्य चौकी आ खास करके खानेपानी के कलधारा बाढ के जोखिम मे पडत आईल बा ।

बाढ आ डुबान से पार्स मे हरेक बरीस बहुते धन जन के नोक्सानी पुगावत आईल बा ।

तिलावे, सिर्सिया नदी, गादी, भलुवाही, ४ दर्जन से सहायक नदी आ आउर छोटा नदी नालासब के चलते जिल्ला के अनेकन जगहा मे बाढ आवेला ।

२०६७ असाढ मे तिलावे, सिर्सिया लागायत के नदी मे आईल बाढ से तीन जने के मृत्यु भईल रहे आ २५ सय से बेसी घरधुरी प्रभावित भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।