ठोरी गाँवपालिका के चउथका गाँवसभा पुरा

मेघराज राय

जीराभवानी २९ असाढ

“सुशासनयुक्त सक्षम, सबल एवम् सुदृढ स्थानीय सरकार, कृषि, पर्या–पर्यटन, शिक्षा आ आत्म निर्भर नागरिक ठोरी के आधार” कहके मुल नारा के साथ पर्सा के ठोरी गाँवपालिका के चउथका गाँवसभा आजु पुरा भईल बा ।

गाँव कार्यपालिका के कार्यालय वार्ड ४ घ्याङडाँडा मे पुरा भईल सभा मे गाँवपालिका अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ कृषि, खानेपानी, शिक्षा, स्वास्थ्य, भौतिक पुर्वाधार निर्माण, पर्यटन आ रोजगारी सृजना के प्राथमिकता देहल गईल आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी ।

सभा मे नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत करत गापा अध्यक्ष श्रेष्ठ गापा के प्रसुती सेवा सन्चालन मे रहल स्वास्थ्य चौकी मे सुत्केरी करावेवाला जनानी के गापा एकमुष्ट सुत्केरी स्याहार खर्च बापत आउर रु ३ हजार देवेके आ स्वास्थ्य चौकी मे सुत्केरी होखे ना सकेके अवस्था होके दोसर जगहा ईलाज करे लेजाए के अवस्था अईला पर निःशुल्क एम्बुलेन्स सेवा देवेके बतवनी ।

अध्यक्ष श्रेष्ठ दुग्ध व्यवसाय के प्रोत्साहन करे खातिर मान्यता प्राप्त दूध डेरी मे दुध बिक्री करेवाला किसान के दुध मे प्रतिलिटर रु ३ थप अनुदान देवेके, युवा के कृषि मे प्रोत्साहन करे खातिर उन्नत जात के पाडी आ बाच्छी शत प्रतिशत अनुदान मे वितरण करत पशुधन सुरक्षा के खातिर गाईभैसी आ बकरी के लगावेवाला अनेकन किसिम के खोप तथा दवाई निशुल्क उपलब्ध करावेके, कृषि आ तरकारी खेती प्रवद्र्धधन के खातिर दवाई छिटेवाला मेसिन औजार वितरण, समरसेल, मोटर, जेनेरेटर, हाथे टेक्टर वितरण काम के निरन्तरता देवेके नीति आवेवाला आर्थिक बरीस से गापा अवलम्बन कईल बतवनी ।

उ गापा भितर शिक्षक दरबन्दी कमी भईल विद्यालय के स्वयंसेवक शिक्षक के व्यवस्था करेके, अङ्ग्रेजी माध्यम के पठनपाठन के निरन्तरता देवेके, गापा के टोलटोल मे सिकाइ केन्द्र स्थापना करत विद्यालय बाहर भी पठनपाठन के व्यवस्था मिलावेके, गापा भितर के गरिब तथा जेहेन्दार विद्यार्थी के प्राविधिक क्षेत्र के उच्च शिक्षा के खातिर छात्रवृत्ति प्रदान करेके नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहलन ।

एहितरे अध्यक्ष श्रेष्ठ खेलकुद विकास के खातिर अध्यक्ष कप खेलकुद प्रतियोगिता सन्चालन करेके, गापा मे भईल सडक के स्तरोन्नति करेके, गापा के उपयुक्त स्थान मे कम्ती मे ५०० सिट क्षमता के बहुउद्देश्यीय सामुदायिक भवन निर्माण करेके, आरसिसी ढलान आ पिच सडक निर्माण काम के निरन्तरता देवेवाला नीति तथा कार्जक्रम सभा मे प्रस्तुत कईले रहनी ।

एहितरे उ पर्यटन प्रवद्र्धन के खातिर सन्चालन मे रहल होमस्टे के क्षमता वृद्धि करत नयाँ होमस्टे स्थापना मे जोड देवेके, हाथी सफारी के निरन्तरता देत जीप सफारी के खातिर गापा जीप खरीद करेके, पर्यटक के आकर्षित करे खातिर ठोरी के सिङ्गे पर्वत मे पुष्पलाल स्मृति पार्क, गोलेडाडा मे मनमोहन स्मृति पार्क तथा पिकनिक क्षेत्र, राइधारा मे गणेशमान स्मृति पार्क तथा पिकनिक क्षेत्र, बाघमोर्चामाई मन्दिर निर्माण तथा पिकनिक क्षेत्र, घ्याङडाडा मे गुम्बा निर्माण के निरन्तरता देवेके नीति तथा कार्जक्रम सभा मे प्रस्तुत कईले रहनी ।

एहितरे सभा मे नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत करत उ नागरिक के घरदुवरी मे पुग के सेवा प्रवाह करेवाला नीति लेहल बतवनी ।

एहितरे गापा मे स्थापना भईल सर्पदंश उपचार केन्द्र के क्षमता विस्तार करत बाँदर आ कुकर से काटल अवस्था मे भी निःशुल्क ईलाज सेवा देवेके, कोभिड १९ के रोकथाम आ नियन्त्रण के खातिर विदेश से आईल ठोरीबासीलोग के अनिवार्य क्वारेन्टाइन रहेके नियम के निरन्तरता देवेके भी अध्यक्ष श्रेष्ठ बतवनी ।

उ ८४ बरीस से बेसी के ज्येष्ठ नागरिक के अग्रज सम्मान कार्जक्रम अन्तरगत बार्षिक रु ५ हजार निर्वाह भत्ता वितरण के निरन्तरता देवेके, ३५ बरीस से बेसी के अविवाहित तथा एकल जनानी के मासिक रु १ हजार सामाजिक सुरक्षा भत्ता उपलब्ध करावे के कार्जक्रम के निरन्तरता देवेके, गापा के सभी स्वास्थ्य संस्थासब मे ल्याब के व्यवस्था करेके, सामुदायिक विद्यालय से १२ किलास के परीक्षा मे उत्कृष्ट नतिजा लियावेवाला विद्यार्थी के पुरस्कृत करेके कार्जक्रम के निरन्तरता देवेके, गापा के आँम हब के खातिर सुरु कईल योजना के निरन्तरता देत ई बरीस भी आँम के पौधा बाँटेके कार्जक्रम के निरन्तरता देवेके नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी ।

सभा मे गापा उपाध्यक्ष शान्तिमाया थिङ्द्वारा प्रस्तुत आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के खातिर अनुमानि रु ४६ करोड ८८ लाख २० हजार ८ सय ५० रोपेया के आयव्यय विवरण सहित के विनियोजन विधेयक २०७७ तथा अर्थ सम्बन्धि विधेयक २०७७ आ वार्ड २ के वार्ड अध्यक्ष किशोर तामाङद्वारा प्रस्तुत गाँवपालिका नगर प्रहरी गठन तथा व्यवस्थापन विधेयक २०७७ के सर्वसम्मत से पारीत कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।