लकडाउन के समय मे प्रनि यादव चोर नाकासब से तस्करी के लाइन खोललें

वीरगंज २९ असाढ
कोरोना संक्रमण रोकथाम के खातिर देश मे कईल लकडाउन के समय मे पर्सा पुलीस तस्करी के लाईन खुल्ला कईले बा ।
नेपाल भारत मुल प्रवेशद्वार वीरगंज भन्सार क्षेत्र मे आदमी के आवागमन मे पूर्ण रुप मे रोक लगईला पर भी चोर रास्ता होत खुलेयाम तस्करी हो रहल बा ।
वीरगंज भन्सार क्षेत्र मे कडाई करके पुलीस तस्करी रोकल देखाके ग्रामीण भेग से खुलेयाम तस्करी के लाइन खोलले बा ।
नेपाल भारत सिमा नाका मे पडेवाला पर्सा स्थित के ग्रामीण भेग के चौकीसब पईसा असुले मे व्यस्त रहल बतावल गईल बा ।
पर्सा के इनर्वा, छपकैया, सिर्सिया, अलौं, झौँवा, अमरपट्टि, इटियाँही, भिस्वा, जानकीटोला लगायत के जगहासब से खुलेयाम तस्करी हो रहल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के अपराध अनुसन्धान शाखा मे कार्यरत प्रहरी निरीक्षक रविभूषण यादव सिमा नाका के चौकीसब मे सेटिङ्ग मिलाके इन्चार्जलोग के पठारहल बतावल गईल बा ।
प्रनि यादव जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के अपराध अनुसन्धान शाखा मे कार्यरत रहला पर भी उ सँउसे जिल्ला प्रहरी के चला रहल बाडन ।
आपन अनुकुलता के प्रहरी नायब निरीक्षक तथा प्रहरी सहायक निरीक्षकलोग के महिनावारी सेटिङ्ग मिलाके सिमा क्षेत्र के चोकीसब मे पठा रहल बाडन ।
महिनावारी सेटिङ्ग मे गईल प्रहरी सहायक निरीक्षक तथा प्रहरी नायब निरीक्षकलोगलकडाउनको मौका छोपी प्रनि यादवले चोर नाकाहरुबाट तस्करीको लाइन खोले के काम कर्तव्य से भी कईसे बेसी पईसा असुलल जा सकता कहके ओरी केन्द्रित रहल बा जउना के चलते तस्करी बढल बा ।
प्रनि यादव आपन लगेके आदमीसब के बेसी प्राथमिक्ता मे राख के तस्करी काम के निरन्तरता देहले बाडन ।
आपन विभाग के विश्वासिलो पात्रसब असई, सई के मात्र चौक पठारहल बाडन ।
प्रहरी युनिट के इन्चार्जलोग के बदले के प्रहरी नायब उपरीक्षक तथा प्रहरी उपरीक्षक के जिम्मा रहला मे प्रनि यादव खुदे चलखेल करके आपन विश्वासिलो पात्रसब के सिमा क्षेत्र के चौकीसब के इन्चार्ज बनाके पईसा असुली करेमे लागल बाडन ।
लकडाउन से देश हि प्रभावित बनल समय नेपाल के आर्थिक नगरी के रुप मे रहल वीरगंज से कईसे बेसी से बेसी कमाईल जा सकता कहके मनसाय मे रहल अईसन काम से पुष्टि होखेला ।
लकडाउन के समय नेपाल बन्द रहल अवस्था मे सिमा क्षेत्र के प्रहरी चौकी के इन्चार्जलोग प्रनि यादव के भर मे प्रहरी जवान आ प्रहरी हवल्दार से पईसा असुलवा के खुलेयाम तस्करी के सामानसब नेपाल आवे देहले बाडन ।
ई विषय मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजित कुँवर मुख्य नाका मे कडाई भईला सँगे चोर नाकाबस से तस्करी हो रहल मिलल बा, माकिर ओमे हमनी एकदम कडाई कईल बतवनी ।
ग्रामीण भेग के सिमा क्षेत्र के चौकी इन्चार्जलोग समय समय मे तस्करी के सामानसब बरामद भी करत आईल बाडन आ ओकरा के जरुरी कारवाही के खातिर भन्सार भी बुझावे के काम करत आईल कहत प्रनाउ कडाई कईला पर भी कुछ मात्रा मे तस्करी हो रहल स्वीकारनी ।






