२५ किलो चाँदी के गहना सहित २ जने पकडाउ

बारा ३१ असाढ

बारा जिल्ला के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ११ विश्वम्भरपुर टोल स्थित कलैया–मटिअर्वा सडक खण्ड से जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से खटल पुलीस टोली चानी के गहना सहित दु जने के पकडले बा ।

पकडाएवाला मे कलैया–११ के ३२ बरीस के ईन्द्रदेव प्रसाद यादव आ बारा प्रसौनि गाँवपालिका वार्ड नं. ६ रहेवाला ३८ बरीस के वकिल अँसारी के २५ किलो चानी के गहना सहित पकडले बा ।

ना ६१ प ७२०४ नम्बर के मोटरसाइकल मे भारत से अवैध रूप मे भन्सार छली करके लियारहल २५ किलो ग्राम चाँनी के तयारी गहना पायल, झुम्का, सिक्रि सहित उलोग के पकडल के जरुरी कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावल बारा पुलीस जनवले बा ।

एहितरे इलाका प्रहरी कार्यालय महेन्द्रआदर्श बारा से खटल पुलीस टोली आदर्शकोतवाल गाँवपालिका वार्ड नं. ६ स्थित सडक से सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नं. १० रहेवाला १९ बरीस के राजु प्रसाद यादव के अबैध कपडा सहित पकडले बा ।

ना.४९ प १९०४ नम्बर के मोटरसाइकल मे भारत से नेपाल ओरी अबैध रुपमा रेडिमेट तइयारी पकडा लिया रहला मे पकड के कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढवले बा ।
पकडाईल कपडा करिब एक लाख १० हजार के रहल बारा पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।