ठोरी–३ शिकारीबाँस मे फेनु हाथी के आतङ्क

मेघराज राय

जीराभवानी ३१ असाढ

पर्सा जिल्ला के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ शिकारीबाँस मे कुछ दिन से लगातार चितवन राष्ट्रिय निकुन्ज से जङ्गली हाथी गाँव मे घुस के स्थानियलोग के घर मे नोक्सानी पुगा रहल बा ।

बितल रात भी स्थानिय गणेश उराव के घर मे नोक्सानी पुगईला के साथे घर मे रहल धान, मकई, चाउर आ घर मे राखल सोलार पाता मे भी नोक्सानी पुगावल स्थानिय पिडित उराव के कहनाम रहल बा ।

साथे घर मे रहल कुर्सी आ खाना बनावेवाला बरतन के भी हईंच के नोक्सान कईले बा ।

एहितरे किशानलोग से अगहनी धान के खातिर खेत मे राखल बिया आ रोपाइ होचुकल धान के भी लगे के जङ्ग्ल से हाथी के बथान खेत मे रहल बिया आ रोपाइ कईल धान के भी हईंच के नोक्सान करत आ रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।