कोरोना संक्रमण आशंका मे चितवन मे पुलीस के महिला सेल सिल

चिवतन १ सावन
कोरोना संक्रमण के आशंका मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय चितवन के महिला सेल सिल कईल बा ।
महिला सेल मे काम करेवाला एक जने जनानी पुलीस के मरद के कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उहाँ कार्यरत सभी पुलीस के आइसोलेसन मे राख के सेल सिल कईल बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय गैंडाकोट मे कार्यरत कोरोना संक्रमित पाँच पुलीस मेसे एक जने उनकर मरद भी रहला से जनानी सेल सिल कईल बा ।
प्रहरी कार्यालय चितवन के प्रवक्ता डीएसपी सूर्य थापा जनानी सेल से होखेवाला काम कारबाही बन्द कईल बतवनी ।
उ कहनी कि, “कोरोना के आशंका मे कुछ पुलीस के आइसोलेसन मे राखल बा ।
पीसीआर परीक्षण के खायितर स्वाब संकलन करके पठावल बा ।”
गैंडाकोट मे संक्रमित पाँच पुलीस के सामुदायिक प्राकृतिक चिकित्सालय रहजर मे राखल बा आ बाँकी पुलीस अफिस क्वारेन्टाइन मे बाडन ।






