आउर १०१ जने मे कोरोना सङ्क्रमण पुष्टि

काठमाण्डु, २ सावन
देशभर मे पिछिलका २४ घण्टा मे आउर कोभिड–१९ सङ्क्रमित १०१ थपाईल बाडन ।
स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता प्रा डा जागेश्वर गौतम अनेकन २७ प्रयोगशाला मे कईल चार हजार ६८८ नमूना परीक्षण मे १०१ जने मे सङ्क्रमण पुष्टि भईल जानकारी देहनी ।
एकरा सँगे कोरोना सङ्क्रमित के कूल सङ्ख्या १७ हजार ४४५ पुगल बा ।
प्रदेशगतरूप मे कोरोना सङ्क्रमण पुष्टि भईल मेसे प्रदेश नं १ मे ८१५, प्रदेश नं २ मे चार हजार ४८०, बागमती प्रदेश मे ८५१, गण्डकी प्रदेश मे एक हजार ३५७, प्रदेश नं ५ मे चार हजार १३५, कर्णाली प्रदेश मे एक हजार ८०४ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश मे चार हजार तीन जने रहल बाडन ।
एहितरे, अभी तक कोरोना के ईलाज के बाद ठिक होके घर गईल मेसे प्रदेश नं १ मे ७४४, प्रदेश नं २ मे दु हजार ५८८, बागमती प्रदेश मे ४१३, गण्डकी प्रदेश मे ९४६, प्रदेश नं ५ मे तीन हजार ४९२, कर्णाली प्रदेश मे एक हजार ४९२ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश मे एक हजार ६५९ रहल बाडन ।
मन्त्रालयद्वारा आयोजना कईल नियमित पत्रकार सम्मेलन मे देहल जानकारी मुताविक देशभर के क्वारेन्टिन मे अभी १२ हजार ७५६ रहल बा ।
आइसोलेशन मे रहल कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या पाँच हजार ८७१ रहल बा ।
पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना सङ्क्रमणमुक्त होके घर जाएवाला के सङ्ख्या २८५ रहल बा ।
एकरा सँगे अभी तक डिस्चार्ज होखेवाला के सङ्ख्या ११ हजार ५३४ रहल बा ।
कूल कोरोना सङ्क्रमित मेसे ६६ दशमलव १२ प्रतिशत ईलाज के बाद घर फिर्ता भईल मन्त्रालय जनवले बा ।
प्रवक्ता गौतम अभी तक के तथ्याङ्क मुताविक विश्वभर एक करोड ३९ लाख ६४ हजार ७९९ कोरोना सङ्क्रमित भईल बाडन। कोरोना से पाँच लाख ९३ हजार ४९ के निधन भइल बा ।
दक्षिण एशियाली क्षेत्रीय सहजोग सङ्गठन (सार्क) देश मेसे नेपाल पीसीआर परीक्षण करेवाला देश मे आफगानिस्तान, बङ्गलादेश, श्रीलङ्का, पाकिस्तान आ भारत से अगाडि रहल बा ।
नेपाल मे कोभिड–१९ के जम्मा सङ्क्रमित मेसे पुरुष आ जनानी के अनुपात क्रमशः ८७ आ १३ प्रतिशत रहल बा ।
अभी ५०० से बेसी सक्रिय सङ्क्रमित रहल जिल्ला मे रौतहट, कैलाली आ बाजुरा रहल बा ।
सक्रिय एगो भी केस ना भईल जिल्ला मे मनाङ, मुस्ताङ आ हुम्ला रहल भी उ जानकारी देहनी ।






