महोत्तरी मे लगातार के वर्षात के चलते ३ घर भसकल, एक जने घायल

जनकपुरधाम ५ सावन
महोत्तरी मे लगातार के वर्षात के चलते डुबान मे पडल तीन गो घर भसकल बा ।
लगातार के वर्षात के चलते घर कमजोर भईला पर गौशाला नगरपालिका–१२ कान्तिबजार निवासी सुकमाया योंजन के एक तले फुस के घर भसकल बा ।
पुलीस के मुताविक योंजन के घर भसकला पर घर मे भण्डारण करके राखल अन्नपात, लत्ताकपडा आ बरतन भरा के नोक्सान भईल बा ।
घर से दबा के उनकर २ गो बकरी भी मुवल आ करिब २ लाख मूल्य बराबर के नोक्सान भईल पुलीस जनवले बा ।
एहितरे मटिहानी नगरपालिका–२ सिर्सिया निवासी राधेकृष्ण राय के पक्की देवाल भसकला पर उनकर ६० बरीस के मेहरारु सुशिला देवी राय घायल भईल बाडी । उनका के ईलाज के खातिर प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम पठावल महोत्तरी के प्रहरी प्रवक्ता प्रकाश विष्ट बतवनी ।
एहितरे वर्षात के चलते जलेश्वर नगरपालिका–१२ थरुवाही निवासी अजेश्वर मण्डल के खपडा से छावल घर भसक के पूर्ण रुप से क्षतिग्रस्त भईल पुलीस जजनवले बा ।
एहितरे लगातार के वर्षात के चलते गौशाला नगरपालिका–५ स्थित इलाका प्रहरी कार्यालय गौशाला के परिसर मे लगावल देवाल भी भसकल बा ।
पुलीस के मुताविक वर्षात के चलते देवाल कमजाजेर भईला पर करिब १२ मिटर देवाल भसकल बा ।
एहितरे सर्लाही के लालबन्दी नगरपालिका–४ मे जर्वापानी खोला मे आईल बाढ के चलते एक घर परिवार विस्थापित भईल बाडन ।
स्थानीय रवीन्द्र चौधरी के एक तले कच्ची घर मे जर्वापानी खोला मे आईल बाढ घुसला पर उनकर सात जने के परिवार विस्थापित भईल सर्लाही के प्रहरी प्रवक्ता मदन कुँवर जानकारी देहेनी ।
घर मे बाढ घुसला के बाद चौधरी के सात जने के परिवार पडोसी के घर मे शरण लेके रहेमे बाध्य भईल बाडन ।






