सुख्खा बन्दरगाह से लक्ष्य से कम राजश्व उठल

वीरगंज ०५ सावन
वीरगंज स्थित सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय बितल आर्थिक बरीस मे लक्ष्य से ५ अरब ६८ करोड रोपेया कम राजश्व संकलन कईले बा ।
कार्यालय आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ के खातिर ४१ अरब ८८ करोड ५ लाख ४ हजार रोपेया लक्ष्य मिलला मे ३६ अरब १९ करोड ७३ लाख ९५ हजार रोपेया राजश्व संकलन कईले बा ।
भन्सार महसुल ओरी १९ अरब २२ करोड ९० लाख ४८ हजार लक्ष्य मिलला मे १६ अरब ५८ करोड ९९ लाख ४१ हजार संकलन कईले बा ।
मूल्य अभिवृद्धि कर ओरी १९ अरब ४० करोड ६ लाख २६ हजार लक्ष्य मिलला मे १७ अरब १४ लाख २९ हजार, अन्तःशुल्क ओरी ३ अरब २५ करोड ८ लाख २९ हजार के लक्ष्य मे २ अरब ४३ करोड २ लाख ७० हजार आ सडक निर्माण दस्तुर ओरी १७ करोड ५७ लाख ५ हजार राजस्व संकलन कईल भन्सार कार्यालय जनवले बा ।
लक्ष्य से कम राजश्व संकलन भईला पर भी पिछिलका आर्थिक बरीस २०७५÷०७६ से करिब ४ अरब बेसी राजश्व संकलन भईल बा ।
पिछिलका आर्थिक बरीस मे कार्यालय ३२ अरब २५ करोड ३१ लाख ४९ हजार रोपेया राजश्व संकलन कईले रहे ।
लम्हर समय तक चलल लकडाउन आ सरकार से लेहल नीति के चलते राजश्व संकलन मे नकारात्मक प्रभाव देखल गईल बन्दरगाह के प्रमुख भन्सार अधिकृत उमेश श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।
‘लम्हर समय से लकडाउन के चलते बजार चलायमान नइखे, ना उद्योग धन्दा हि बढिया से चले सकल बा ।
ओकरा उपर बितल बरीस सरकार इनर्जी डिं«क्स के आयात मे रोक लगवलख, चईत से केराव, मरिच, छोहडा, कसईली आयत मे कडाइ कईले बा ।
भन्सार यार्ड मे आईल समान भी पास करे नइखे मिलल’ कहत प्रमुख श्रेष्ठ ‘ओकर नकारात्मक असर राजश्व असुली मे देखल गईल बा ।
व्यापार मे मन्दी छईला से विभाग के लक्ष्य मिले ना सकल ।’






