बारा के अधिकांश क्षेत्र डुबान मे, प्रदेसभा सदस्य समिरद्धारा बाढ प्रभावित क्षेत्र के अनुगमन

प्रभु यादव

बारा ०६ सावन

समामुपातिक प्रदेश सभा सदस्य महम्मद समिर कुछ दिन से लगातार के बर्षात के चलते पसाहा खोला मे आईल बाढ से कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड न १४ भौँरा टोल मे पचास घर से बेसी डुबान मे पडल बा ।

डुबान मे पडल क्षेत्र के प्रदेश सरकार आ केन्द्रिय सरकार से समन्वय करके बघवन पसाह खोला से भौँरा टोल तक टटबन्ध आपन नेतृत्व मे पुरा करावे के प्रतिबद्धता जनवनी ।

केहु भुखे ना रहोस कहके तिनु तह के सरकार से पिडित घरपरिबार के जलदी से जलदी राहत बाँटेके माग कइनी ।

ईश्वर पास्वान, भलाल साह, बिश्वनथ राउत, राम जनम थाकुर लगायत के पचास घर परिवार डुबान मे पडल बा आ केतना के नोक्सानी भईल खुले ना सकल पिडितलोग बतवले बाडन ।

घर मे पानी घुसला के बाद हमनी भाग के आपन जान बँचावे के उदेश्य से इहें के बिद्यालय ओरी आके रहत बानी कहके पिडित ब्रहमदेव यादव बतवनी ।

बारा के बालगंगा नदि धार परिवर्तन करके घुसल बाढ से जितपुरसिमरा आ कलैया उपमहानगरपालिका के बडहर्वा, पराँस, सखुइ, श्रीपुर, झिट्कैया लगायत के सयो घर डुवान मे पडला से हजारो बिगहा के धानबाली नोक्सान भईल बा ।

लगातार के बर्षात के चलते कलैया उपमहानगर पालिका के अनेकन वार्ड १६, २४, २३, १४, १३, ९, १५, २०, २१ लगायत के उच्च जोखिम मे रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।