पानी के उचित निकास ना भईला से महानगर लगायत पर्सा के अधिकांश स्थानियतह डुबान मे

वीरगंज ०६ सावन
वितल तीन दिन से लगातार के वर्षात के चलते पर्सा के अनेकन जगहासब डुबान मे पडल बा ।
पर्सा जिल्ला के १४ गो स्थानीय तहमेसे अधिकांश स्थानीय पालिकासब डुबान मे पडल बा ।
जिल्ला के ग्रामीण भेग लगायत सदरमुकाम वीरगंज महानगरपालिका भी डुबान मे पडल बा ।
जिल्ला के ग्रामीण भेग मे रहल आधा दर्जन से बेसी नदीसब मे पानी के बहाव बढला के बाद गाँव बस्तीसब डुबान मे पडल बा ।
एहितरे वीरगंज महानगरपालिका मे उचित पानी के निकाश ना भईला से डुबान मे पडल बा ।
वीरगंजको वीरगंज के श्रीपुर, जिल्ला प्रशासन कार्यालय, गोश्वारा रोड, आदर्शनगर, पानीट्याङ्की, रानीघाट, नगवा लगायत के जगहासब डुबान मे पडल बा ।
आदर्शनगर क्षेत्र मे रहल दोकानसब भितर पानी घुस के व्यापारीलोग के सामान भी नोक्सान भईल बा ।
एहितरे जिल्ला जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा भी डुबान मे पडल बा ।
कार्यालय बगल मे रहल छोटा पोईनी मे पानी बढला के बाद पानी के निकास होखे ना सकला के चलते जिल्ला प्रशासन कार्यालय भित्रर पानी घुसल बा ।
नालासब सरसफाई कईल नइखे, जउना के चलते फुहर बेसी भईला के बाद पानी बहेवाला रास्ता ना भईला के बाद रोड आ घर मे पानी घुसल बा ।
महानगर के रानीघाट, पानीटंकी, भिस्वा, नगवा लगायत के जगहासब भी जलमग्न भईल बा ।
समथर जमिन आ वर्षात के पानी के खातिर उपयुक्त निकास के प्रबन्ध होखे ना सकला पर वीरगंज हरेक बरीस डुबान मे पड रहल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका समस्या समाधान के खातिर कउनो चासो ना लेहल स्थानीय के सिकाईत बा । नगरपालिका वितल समय मे सफाइ अभियान चलाके नाला सफाइ कईले रहे ।
माकिर जनप्रतिनिधि अईला के बाद नाला सफाइ ना भईल स्थानियबासी सिकाईत कईले बाडन ।
नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी २० औं बरीस से नाला सफा ना कईला से झारपात, माटी से नाला भरला से पानी के निकास ना भईल बतवनी ।
‘मुख्य नाला उपर कैयनलोग संरचना बनाके राखल बतवनी । झारपात, माटी आ फुहर से नाला भरल बा ।
२० प्रतिशत मात्र पानी तानरहल बा,’ कहत उ, ‘पुरे पानी तानेवाला बनावे खातिर नाला के सफाइ करेके पडि । एमडी १ नाम देहल मुख्य नाला सफाइ के खातिर १ करोड बजेट बिनियोजन कईल बा ।
टेन्डर मार्फत काम होखी ।’ ड्रेन सफाइ आ मर्मत करत छपकैया अगाडि सिर्सिया नदी मे लेजाके गिरावे के योजना रहल उ बतवनी ।
एहितरे पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे रहल तिलावे नदी, भुलवाही खोला, ओरिया खोला, भेदहा नदी लगायत के नदीसब मे पानी के बहाव बढला सँगे नदी के बगल के बस्तीसब मे पानी घुसल बा ।
जिल्ला के १ गो महानगरपालिका बाहेक आउर १३ गो स्थानीय तह ग्रामीण क्षेत्र मे पडेला ।
पोखरीया नगरपालिका, बहुदरमाई नगरपालिका तथा पर्सागढी नगरपालिका मे पडेवाला गाँवबस्तीसब भी डुबान मे पडल बा आ ओरिया खोला मे आईल बाढ के चलते जगरनागपुर गाँवपालिका के अनेकन गाँवसब डुबान मे पडल बा ।






