पर्सा पुलीस अवैध सामान भन्सार बुझवलख

वीरगंज ०७ सावन

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा ११ लाख मूल्य बराबर के अवैध सामान वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझवले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–१६ इनर्वा से बरामद कईल खाद्यान्न, लताकपडा आ मोटर्स पार्टस के सामानसब पुलीस भन्सार के जिम्मा लगवले बा ।

गैर कानुनी तरिका से नेपाल से भारत ओरी तथा भारत से नेपाल ओरी ढुवानी कर रहल अवस्था मे सावन ४ गते बरामद कईल अवैध सामान भन्सार बुझावल गईल पुलीस के कहनाम बा ।

सावन ४ गते बरामद कईल अवैध समान वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता एवं प्रहरी नायव उपरीक्षक मनोजीत कुँवर बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।