उच्च अदालत जनकपुर के परमादेश के अपहेलना करत मेयर कईलन मन्दिर के शिलान्यास

प्रभु यादव
बारा ०७ सावन
बारा जिल्ला के माहागढिमाई नगरपालिका बारीयारपुर के मेयर उच्च अदालत जनकपुर के अस्थायी ईजलास वीरंगज के परमादेश के अपहेलना करत मन्दिर के शिलान्यास कईले बाडन ।
मेयर उपेन्द्र प्रसाद यादव नगरपालिका के वार्ड नं. २ मे रहल किता नं. २३६ मे राधाकृष्ण मन्दिर के शिलान्यास बुध के दिने कईले बाडन ।
राधाकृष्णा मन्दिर ना बनावेला स्थानिय जितेन्द्र प्रसाद कुशवाहा उच्च अदालत जनकपुर आस्थायी इजलास बीरगज मे नगरपालिका के बिपक्षि बनाके निबेदन देके उच्च अदालत निमावलि २०७३ के नियम ४२ बमोजिम उ जग्गा मे राधाकृष्णा मन्दिर निर्माण कार्य बन्द करेला कईल गईल ।
जवना के अदालत से मिति २०७७÷०४÷१५ गते तक कवनो काम ना करे के आ ना करावे के बिपक्षि के नाम मे अल्पकालिन अन्तरिम आदेश जारी कईले बा ।
मेयर यादव उ परमादेश के ना मानत शिलान्यास कईल स्थानिय जनता जानकारी करावले बाडन ।
स्थानिय तह के जनप्रतिनिधि अदालत से उपर उठ के काम कर रहल बाडन जवना के सिंह दरबार कहल जाला जनता के बुझारहल कहत सिकाय कईले बानी ।
आपना सब के काहे मेयर साहेब के परमादेश देखा देहले बानी अउरी प्रहरी चौकी मे जानकारी करावला के बाद भी मन्दिर के शिलान्यास कईल गईल सिकायत आईल बा ।
अदालत से कवनो पत्र ना आईल अउरी वार्ड अध्यक्ष से आज शिलान्याश करे खातिर प्रतिबद्धता रहल हवे ओहि से शिलान्यास कईले बानी मेयर यादव जानकारी करवले बानी ।
शिलान्यास कईल गईल अदालत से पत्र आईल होई त शिलान्यास भईल काम ना करे के मेयर यादव जानकारी करवले बानी ।
कलहे कि परमादेश के एक कोपि मेयर यादव के आ स्थानिय प्रहरी चौकि के प्रमुख के एक कोपि देहल गईल बा तबो मेयर यादव आपन नगर पुलीस, नेपाल प्रहरी के सहजोग मे दबगँ पारा मे उच्च अदालत के धज्जि उडावत शिलान्यास कईल गईल आरोप पुर्ब सभासद शिवचन्द्र कुशवाहा के रहल बा ।






