कोरोना संक्रमित बढला सँगे वीरगंज के अस्पतालसब बन्द

वीरगंज ०९ सावन

स्वास्थ्यकर्मी आ मरेजी मे भी कोरोना संक्रमण मिले लागला के बाद वीरगंज के सरकारी आ निजी अस्पतालसब मे आजु से आकस्मिक ईलाज बाहेक के आउर सभी सेवा बन्द कईल बा ।

कोरोना संक्रमण समुदायस्तर मे हि फईलल कहत नेपाल चिकित्सक संघ के निहोरा मे अस्पतालसब आजु से आकस्मिक बाहेक के आउर सभी सेवा बन्द कईले बाडन ।

वीरगंज मे एक सरकारी आ १२ गो से बेसी निजी अस्पताल आ शिक्षण अस्पताल (मेडिकल कलेज) बा ।

संक्रमित मिलल एडभान्स हस्पिटल, अलि अर्थो ट्रमा सेन्टर आ शान्ति पोली क्लिनिक एकरा से पहिले हि सिल भइल बा ।

संघ के निहोरा मे सरकारी तथा निजी अस्पताल आ मेडिकल कलेज सभी मे आकस्मिक बाहेक के आउर सभी ईलाज सेवा दोसर सूचना ना आवे तक के खातिर बन्द कईल चिकित्सक संघ वीरगंज शाख के सचिव डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।

संघ विज्ञप्ति जारी कईला के बाद वीरगंज के एक मात्र सरकारी अस्पताल नारायणी अस्पताल मे आकस्मिक आ प्रसुती विभाग बाहेक आउर सभी ईलाज सेवा बन्द कईल अस्पताल के निमित्त मेसु डाक्टर सुरेन्द्र चौधरी बतवनी ।

उनका मुताविक मेडिसिन, सर्जरी, अर्थो आ आइसियु कक्ष से मरेजी के डिस्चार्ज करके खाली करावल बा ।

“अभी इमरजेन्सी आ गाइनो वार्ड मात्र चल रहल बा”, कहत चौधरी, “ई बाहेक आउर सभी विभाग बन्द कईल बा ।

वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे भी आजु से बहिरङग (ओपीडी) सेवा बन्द कईल अस्पताल के सन्चालक डाक्टर अबुल हसन अन्सारी जानकारी देहनी ।

अस्पताल बन्द भईला से मरेजी समस्या मे
वीरगंज के एक मात्र सरकारी अस्पताल नारायणी अस्पताल मे आजु से आकस्मिक बाहेक ओपडि सहित के आउर सभी सेवा बन्द भईला के बाद मरेजी समस्या मे पडल बाडन ।

ईलाज के खातिर आजु सबेरे अस्पताल मे पुगल मरेजीलोग, अस्पताल बन्द भईल सुचना मिलला के बाद समस्या मे पडल रहलन ।

ईलाज के खातिर पुगल मरेजी आ सेवाग्राही के, अस्पताल के सुरक्षागार्ड गेट से फिर्ता पठवले रहलन । सु

अस्पताल के गेट से फिर्ता पठईला के बाद मरेजीलोग अब कहाँ जाके ईलाज करावे के कहत चिन्ता मे डुबल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।