बाढ आ पानी से बँचावेला प्रदेश सरकार हर समय तइयार बा : मन्त्री सोनल

प्रभु यादव
बारा ०९ सावन
उधोग वाणिज्य संघ बारा के सभा हल मे बारा जिल्ला के बाढ से प्रभावित जगह के सम्बन्ध मे छलफल पुरा भईल बा ।
बिपद व्यवस्थापन समिति बारा के आयोजना मे छलफल के सम्बोधन करत बिपत व्यवस्थापन समिति के प्रदेश २ के संयोजक भौतिक पुर्वधार बिकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल बाढ आ पानी से बचावेला प्रदेश सरकार हर समय तइयार रहल जनकारी करावले बानी ।
पानी के कारण से नागरिक के अकाल मे ज्यान ना जाव कहत सवधानि अपनावेके सुरक्षा निकाय के प्रतिनिधी लोग के निर्देशन कईले बानी ।
राहत आ उद्धार के खातिर प्रदेश सरकार से जईसन सहयोग करे के परी ओकरा खातिर तईयार रहल कहत पुर्ण तईयारी मे सभे केहु के लागे के परल मन्त्री सोनल सुझाव देहनी ।
कुछ दिन से लगतार होरहल वरसात के कारण तराई मधेस मे जदा से जादा जनधन के क्षति होसकता जवना के व्यवस्थापन के खातिर प्रदेश सरकार अगाडि बढरहल कहत जोखिम मे रहल लोग के सर्तकता अपनावे के सुझाव मन्त्री सोनल देहनी ।
जिल्ला मे जोखिम मे रहल ठाँव सब के पहिचान कर के उ ठाँव के नागरिक सब के सुरक्षित जगह मे व्यवस्थापन करे के खातिर समेत मन्त्रि सोनल प्मुख जिल्ला अधिकारी के सुझाव देहनी ।
कार्यक्रम के सम्बोधन करत प्रदेश नम्बर २ के उद्योग, पर्यटन, वन तथा वातावरण मन्त्री राम नरेश राय बाढ के कारण हजारौ बिगहा रोपल गईल धान कटान कईले जवना से किसान लोग बिजोग पडल बा उजगह के डाटा संकलन कर के प्रदेश सरकार के उपलब्ध करा के समबन्धी निकाय के ध्यान आर्कषण करावे के कहनी ।
कार्यक्रम मे सघिय सासद, रामबाबु यादव, प्रदेश सासद पारस साह, बच्चा यादव, प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पंडित, नेपाल प्रहरी के प्रहरी उपरिक्षक कृष्णप्रसाद पंगेनी, सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक दिग बिजय सुवेदी लगायत स्थानिय जनप्रतिनिधि राजनितिकर्मि लोग रेडक्रस अउरी बहुते संघ सस्था के लोग सब के बिपत से बचे के खातिर आ आपन सुझाव सल्लाह देहले रहनी ।






