न्याय के के खोजी मे पिडित अंसारी परिवार

प्रभु यादव

बारा १० सावन

बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका के एक जने परिवार न्याय के खोजी मे दिनराज एक कईले बाडन ।

हमरा के आ हमर मेहरारु सहीत घर के सभी जने के मरेवाला किसिम से पिटला के बाद ईलाज करावल माकिर मेहरारु के ईलाज १० दिन से अभी भी बीरगंज स्थित नेशनल मेडिकल कलेज मे हो रहल दुःखी होत जाकिर अंसारी बतवनी ।

ई घटना बितल सावन १ गते सँझिया के ह ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ स्थित कोल्ड स्टोर से सलिम मिया के घर तक के सडक ढलान योजना के काम भईला पर स्थानिय स्टीमेट मुताविक के काम करावे खातिर अषाढ ३१ गते काम हो रहल जगहा मे निगरानी कईले रहलन ।

उहाँ कमसल समान प्रयोग कईला पर आधा काम करके उपभोगता समिति काम स्थागित कईले रहे ।

सबेरे उहे वार्ड के स्थानिय रमतुल्लाह अंसारी लगायत कुछ आदमी जिल्ला प्रशासन कार्यालय के सडक ढलान के गुणस्तर चेकजाँच करे खातिर निवेदन दर्ता करवले रहलन ।

उहे दिन जिल्ला प्रशासन कार्यलय से नगरपालिका के नाम मे सत्य तथ्य बुझके स्टिमेट मुताविक के काम भईल ना भईल तथा भुक्तानी भईल ना भईल जानकरी पठावे खातिर परिपत्र कईले रहे ।

उहे विषय के लेके उपभोग्ता समिति के अध्यक्ष अनवर अंसारी लगायत के समुह मे रहललोग लाठी, भाठा आ घरेलु हथियार खुखुरी हाथ मे लेके जाकिर असारी के घर लगे पुग के तथानाम गाली करे लागला के बाद अनवर अंसारी आ जाकिर अंसारी के परिवार बीच भडप भईल रहे ।

अनवर अंसारी लगे उपभोक्ता समिति लगायत सहजोगीलोग जाकिर मिया के परिवार के पिटपाट कईले रहलन ।

पिटपाट से जाकीर के मेहरारु कलामुन नेशा के मुडि फुटल आ देहभर चिन्हा देखल गईल खबर मिलला के बाद सिम्रौनगढ इप्रका से पुलीस के टोली घटना स्थल मे पुगला पर सभी जने भागल रहलन ।

हमला मे पर के घायल भईल लोग मुद्धा दर्ता करावे के खोजला पर सिम्रौनगढ के ईलाका प्रहरी कार्यालय आलटाल करत गईला पर जिल्ला प्रहरी कार्यालय भी १० दिन से आलटाल करत अईला पर पिडित आउर पिडित बनल बाडन ।

खुनदसब के न्याय दिलावे खातिर मानव अधिकारकर्मी आ सञ्चारकर्मी से निहोरा करत जाकिर मिया अईसन बतवनी ।

एने प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पङ्गेनी पिडित से देहल निवेदन मुताविक के मुद्धा दर्ता ना करके अभद्र ब्यवहार भईल मुद्धा दर्ता होखेके शुक के दिने बतवनी ।

पुलीस कार्यलय के श्रोत मुताविक नेतालोग के दबाव पहल मे बिपक्षीलोग के ओरी से अभद्र ब्यवहार मुद्धा दर्ता भइल आ ओकर दर्ता नम्बर १० रहल बा ।

उहे चलते दोसर पक्ष के भी उहे मुताविक के मुद्धा दर्ता करके गोलमाल करेके तइयारी मे प्रहरी उपरिक्षक पङ्गेनी रहल समाचार स्रोत के दाबी रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।