ठोरी गाँवपालिका के आम जोन बनावे खातिर काम सुरु

मेघराज राय

जीराभवानी १० सावन

ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं ३ बुद्धनगर के कृषकलोग के आजु १ हजार ६ सय आम के पौधा बाटल गईल बा ।

बुद्धनगर फलफुल उत्पादक कृषि समूह तथा बुद्धनगर कृषि तथा फलफूल सहकारी संस्था लिमिटेड के सहकार्य मे फलफुल के पौधा रोपल गईल बा ।

परम्परागत कृषि व्यवसाय करेवाला कृषकलोग के फलफुल खेती ओरी आकर्षित करके आत्मनिर्भरता ओरी उन्मुख करावे खातिर फलफुल के पौधा बाँटल गईल बुद्धनगर फलफुल उत्पादक कृषि समुह के अध्यक्ष भवनाथ घिमिरे बतवनी ।

अध्यक्ष घिमिरे के मुताविक कृषकलोग के बाँटल गईल आम के पौधा मे दालमा आम के पौधा १ हजार, डङ्का आम के पौधा ४ सय आ आम्रपाली आम के पौधा २ सय करके १ हजार ६ सय आम के पौधा स्थानीय कृषकलोग के बाँटल गईल बा ।

राष्ट्रपति चुरे संरक्षण कार्जक्रम से कृषि समूह आ कृषि सहकारी के आम के पौधा उपलब्ध करावल बुद्धनगर कृषि तथा फलफूल सहकारी संस्था लिमिटेड के अध्यक्ष हेमराज बम्जन जानकारी करवनी ।

अध्यक्ष बम्जन के मुताविक एक बिगहा जमीन मे ४० से ४५ गो पौधा रोपेके भी जानकारी करवनी ।

फलफूल रोपेवाला किसानलोग के लालपुर्जा के फोटोकापी आ नागरिकता के फोटोकापी कृषि समुह के उपलब्ध करईला के बाद निःशुल्क आम के पौधा कृषकलोग के मिलल रहे ।

फलफूल खेती करेवाला कृषकलोग खुदे संरक्षण करेके बतावत अध्यक्ष घिमिरे राष्ट्रपति चुरे संरक्षण कार्जक्रम मार्फत कृषकलोग से रोपल फलफुल बारी मे तारबार करेके व्यवस्था मिलावे खातिर पहल हो रहल बतवनी ।

फलफूल के पौधा रोपल जमीन के खाली भाग मे आदी आ हरदी खेती करे मिलेवाला भईला से ओकर व्यवस्था के खातिर भी राष्ट्रपति चुरे संरक्षण कार्जक्रम मे खुदसब सकेभर प्रयास कर रहल अध्यक्ष घिमिरे कहनी ।

स्थानीय कृषकलोग यम बहादुर नेपाली, देवि शिवाकोटी, राम बहादुर खड्का, विष्णु घिमिरे, शम्भु खड्का, मणि घिमिरे लगायत के २० से बेसी कृषकलोग पौधा लेगईल आ करिब ४० बिगहा के हाराहारी मे आमखेती होखेके सहकारी संस्था लिमिटेड के अध्यक्ष बम्जन जानकारी करवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।