वीरगंज मे मृत्यु भईल बुढ मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ११ सावन

वीरगंज स्थित कोरोना विशेष अस्पताल मे एतवार के सबेरे मृत्यु भईल ६५ बरीस के बुढ मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईलल परीक्षण मे मृतक बुढ के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल मेसु डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

मधुमेह आ मुटु के मरेजी उनका कुछ दिन से स्वास्थ्य मे समस्या रहे ।

कोरोना परीक्षण के खातिर शनिचर के दिने नारायणी अस्पताल मे उनकर स्वाब संकलन करके ईलाज के खातिर वीरगंज स्थित हेल्थ केयर मे लेगईल रहलन ।

उहाँ कईल आरडीटी परीक्षण मे उनकर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।

आरडीटी पोजेटिभ देखल गईला सँगे उनका के शनिचर के रात वीरगंज हेल्थकेयर से गण्डक अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।

शनिचर के रात ११ बजे अचानक उनकर अवस्था गम्भीर बनला के बाद भेन्टिलेटर मे राख के ईलाज कईल रहे ।

गण्डक अस्पताल के कोओर्डिनेटर डा. उदयनारायण सिंह के मुताविक ईलाज के समय मे उनकर एतवार के सबेरे ६ः१० मे मृत्यु भईल रहे ।

उ वीरगंज स्थित आदर्शनगर मे व्यवसाय सञ्चालन करत आईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।