वार्ड अध्यक्ष यादवद्धारा ज्यान मारेके धम्की देहल सिंह के आरोप

प्रभु यादव

बारा १२ सावन

बारा के देवताल गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ के बिकास कुमार सिंह के वडा नम्बर ५ के वार्ड अध्यक्ष लखिन्द्र यादव दुव्र्यवहार करत जान मारे के धमकी देहले बाडन ।
कलैया मे पत्रकार सममेलन कर के सिंह आपना के मारे के धमकी आईल आरोप लगवले बाडन । कुछ दिन से देवताल गाँवपालिका मे ४६ जने कोरोना संक्रमित भईल बाडन जवना मे वार्ड नम्बर ५ के वार्ड अध्यक्ष यादव सडक मे बिना माक्स घुम रहल फोटो सिंह आपन समाजिक संजाल मे पोष्ट कईले रहलन ।

उ बिषय के लेके वीरगंज स्थित रहल अवाज एफएम मे बिकास सिंह सँगे वार्ड अध्यक्ष सडक मे घुमफिर कईल बिषय के केन्द्रित रह के बातचित एतवार के रात कईला पर उहे दिन वार्ड अध्यक्ष यादव ९८२५२८७७३६ नम्बर के मोबाईल से करिब १० बजे के समय मे बहुते गाली गलौज कईले रहलन ।

आपना असुरक्षित लागला से जीनव रक्षा खातिर गालीगलौज करेवाला उपर कारवाही के माँग भी सिंह पत्रकार सम्मेलन मे कईले बाडन ।

बितल बहुते समय से गाँवपालिका मे करेवाला गतिविधी सब जनता उपर उजागार कईला पर लकडाउन भईल समय मे होखेवाला पर आवज उठावल टेंट खोज के आपना के सजाय के भगदारी बनावेला लागल सिंह जनकारी देहनी ।

बिकास निर्माण कार्य सब गाँवपालिका से कईल गईल निमन आ ना निमन भईल समाजिक संजाल मे उजागर करके सचेत करावे के भइला पर आपने जोखिम पडल बतावत खुद बाँचेतक भष्टाचार के बिरोध मे अवाज उठावते रहेके प्रतिबद्धता जनवले बानी ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे सिंह मुद्धा देहले बाडन । इ बिषय मे वार्ड अध्यक्ष यादव से पुछला पर आपने धम्की ना देहनी माकिर आपन मान सम्मान मे ठेस पुगावेला कइल काम के गाली मात्र देहले बानी स्वीकार कईले बानी ।

आपने आ सिंह पहिले कलैया मे डेरा मे रहत रहनी साथी भाइ समझ के गाली देहनी वार्ड अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।