कलैया मे कोभिड–१९ से बँचे खातिर जनचेतना सहित मास्क बाँटल गईल

प्रभु यादव

बारा १२ सावन

बारा जिल्ला के कलैया मे कोभिड–१९ से बँचे खातिर आजु जनचेतना मुलक कार्जक्रम के साथे मास्क बाँटल गईल बा ।

समुदायिक प्रहरी जिल्ला कार्यसमिति बारा के आयोजना मे कलैया के भरत चोक मे भईल कार्जक्रम मे समुदाय स्तर मे कोरोना संक्रमण बढरहल अवस्था के मध्यनजर करत ओकरा से बाँचे खातिर अपनावेवाला सवधानी के बारेमे रोड मे चलेवाला बटोहीलोग के सचेत करावल गईल रहे ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी कोरोना से बँचे खातिर अनिवार्य रुपमे मास्क पहिने खातिर निहोरा करत मास्क ना पहिनेवाला लोग के खुदे निःशुल्क रुपमे मास्क बँटले रहनी ।

सकड मे बिना माक्स पहिनके मोटरसाईकल, साईकल आ पैदल चलेवाला सयो जने बटोहीलोग के मास्क बाँटल गईल रहे ।

अभी भी कलैया बजार आसपास के जगहा मे मास्क पहिनेके आदत पुर्णरुप मे ना भईला से सभी के अनिवार्य रुप मे माक्स पहिने खातिर जनचेतना जगावेके उदेश्य से मास्क बाँटत नागरिक मे दवाव सृजना कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता गौतम मिश्र बतवनी ।

कार्जक्रम मे बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पंडित विश्व समुदाय अभी कोरोना से अक्रान्त बनल अवस्था मे पडोसी जिल्ला पर्सा मे भी कोरोना के कहर देखल गईला से बारा के नागरिकलोग के सवधानी अपनावे खातिर निहोरा कइनी ।

जान के खतरा उठावल समाज के खातिर मात्र ना होके पुरे देश के खातिर खतरा साबित होखेवाला भईला से समय मे हि सचेत होखे सकला पर महामारी से अपने भी बाँचल जाज सकता आ दोसर के भी बँचावल जा सकेता कहके प्रजिअ पंडित बतवनी ।

सकभर गरम पानी पिएके, सरसफाई के साथ रहेके, दिन मे बेर बेर साबुन पानी से मलमल के हाथ धोवे खातिर निहोरा करत माक्स ना पहिनके बजार मे आवेजाएवाला जेकेहु के भी संक्रमण रोग ऐन अन्र्तगत रु १ सय जरिवना करेके भी चेतावनी देहनी ।

कार्जक्रम मे पुलीस अधिकृतलोग, पत्रकार, नागरिक अगुवा, अधिकारकर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।