सप्तरी मे खाँडो नदी के बाढ गाँव मे घुसल, ३० घर डुबान मे

सप्तरी १३ सावन

लगातार के वर्षात के बाद खाँडो नदी मे आईल बाढ गाँव मे घुसला पर सप्तरी मे ३० घर डुबान मे पडल बा ।

बाढ के चलते तिलाठी कोइलाडी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ तिलाठी के अधिकांश जगहा जलमग्न भईल बा ।

इहाँस्थित भन्सार कार्यालय, प्रहरी चौकी, सशस्त्र प्रहरी के बेस क्याम्प, विद्यालय मे पानी घुसल बा ।

बाढ गाँव मे घुसला के बाद तिलाठी के बेल्ही गाँव के १० गो घर डुबान मे पडल तिलाठी कोइलाडी गाँवपालिका के विपद् व्यवस्थापन अधिकृत राजेश झाल जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक डुबान के चलते इहाँ के रास्तासब भी अवरुद्व बनल बा । सर्वसाधारण जोखिम सहके आवतजावत कर रहल झा बतवनी ।

एहितरे हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका वार्ड नम्बर १४ रम्पुरा मल्हनियाँ गाँव मे भी पानी घुसल बा । गाँव मे पानी घुसला पर इहाँ के २० घर डुबान मे पडल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।