गौतमबुद्ध विमानस्थल के कर्मचारी ४ लाख घुस सहित पकडईलें

बुटवल १३ सावन
गौतमबुद्ध अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल के कार्यालय सहजोगी सहित दु जने चार लाख रोपेया घुस सहित पकडाईल बाडन ।
विमानस्थल मे कार्यरत कार्यालय सहजोगी विश्वनाथ यादव आ महेन्द्र यादव के अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग सम्पर्क कार्यालय बुटवल भैरहवास्थित सेन्चुरी बैंक से रंगेहात पकडले बा ।
निर्माणाधीन गौतमबुद्ध अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल के मुआब्जा वितरण मे सहजीकरण करेके कहत सेवाग्राही सँगे घुस लेरहल समय उलोग के घुस के रोपेया सहित पकडल गईल कार्यालय प्रमुख डा. भीष्म भुसाल जानकारी देहनी ।
सेवाग्राही से घुस लेनदेन करे खातिर यादवद्वय सेन्चुरी बैंक पुग के बैंकिङ कारोबार कईला पर विशेष सूचना के आधार मे अख्तियार टोली उलोग के पकडल गईल डा. भुसाल बतवनी ।
पकडाईल यादवद्वय उपर आउर अनुसन्धान होखेके भुसाल बतवनी ।






