अनियमितता विरुद्ध अवाज उठईला पर पकडाईललोग छुटलें, गाँवकेलोग कईलें स्वागत

वीरगंज १५ सावन,

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका के वार्ड नं. ४ प्रशुरामपुर मे भईल अनियमितता बिरुद्ध आवाज उठईला पर पकडाईललोग ८ दिन के बाद छुटल बाडन ।

पकडाईल स्थानिय संजय साह गोढ आ रंजित साह गोढ बियफे के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के आदेश मे छुटल बाडन ।

छुटल दुनु जने के स्वागत मे निषेधज्ञा मे भी दर्जनो मोटरसाइक से वार्डबासीलोग वीरगंज पुगल रहलन ।

उलोग छुट के घर अईला के बाद बहुते संख्या मे गाँववासीलोग जम्मा होके खुसी जनवले बाडन ।

विकास निर्माण के काम मे अनियमितता भईल कहत बिरोध करेवाला आ अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के कार्यालय मे उजुरी देवेवाला विरुद्ध हि वार्ड अध्यक्ष हरिओम साह कलवार के सिफारिस मे आ गाँवपालिका के जनप्रतिनिधि के दबाव मे पुलीस मुद्दा दर्ता करके सावन ७ गते जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से हि दुनु जने के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

असाढ ३० गते वार्ड मे हो रहल सडक ढलान मापदण्ड विपरित भईल कहत स्थानियलोग विरोध कईले रहलन ।

उहे अनियमितता के सम्बन्ध मे छानविन के माग करत पकडाईल संजय कुमार साह, बैदनाथ राउत बरै, सिकेन्द्र देवान लगायत के ४ जने जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे निवेदन देहले रहलन ।

उहे बिषय के लेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे होखेके कहल छलफल मे सहभागी होखे गईल निवेदक संजय आ उनकर भाई रंजित के पुलीस हिरासत मे लेहले रहे ।

पकडाईल पडल दिन से हि नेपाली कांग्रेस के स्थानिय नेतालोग उलोग के रिहाई के खातिर पहल करत रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।