बारा मे एतवार से अनिश्चितकाल के खातिर निषेधाज्ञा

प्रभु यादव
बारा १६ सावन
जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा एतवार से लागू होखेवाला किसिम से बेसी भिडभाड होखेवाला जगहा तोक के अनिश्चितकाल के खातिर निषेधाज्ञा जारी कईले बा ।
बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित के मुताविक पडोसी जिल्ला पर्सा मे समुदायस्तर मे कोरोना भाइरस के संक्रमण देखल गईल आ बारा मे भी हरेक दिन संक्रमित के संख्या बढत गईला से जगहा निर्धारण करके एतवार के सबेरे ५ बजे से दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर निषेधाज्ञा जारी कईल बा ।
शुक के दिने बईठल जिल्ला सुरक्षा समिति के बईठक से आम नागरिक के जीवन रक्षा तथा बेमारी के संक्रमण के नियन्त्रण करे खातिर जरुरी काम बाहेक भेला होखेके तथा घर बाहिर निकले मे रोक लगावल गईल बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय से जारी कईल सूचना मे कहल बा, ‘पर्सा तथा बारा जिल्ला जोडेवाला हुलाकी लोकमार्ग पडेवाला सभी स्थानीय तहसब, कलैया बजार क्षेत्र, पथलैया–वीरगज औद्योगिक करिडोर पडेवाला जीतपुर, सिमरा, पथलैया, परवानीपुर, नितनपुर, निजगढ, कोल्हवी, सिम्रौनगढ, बरियापुर लगायत बहुते भिडभाड होखेवाला तथा हाटबजार लागेवाला ग्रामिण क्षेत्रसब मे निषेधाज्ञा लागू कईल बा ।’
निषेधाज्ञा समय भर जरुरी सेवा मे संलगन रहल सरकारी तथा सार्वजनिक संस्थान बाहेक के आउर सेवा प्रवाह करेवाला कार्यालयसब बन्द करेके निर्णय भईल उ बतवनी ।
निषेधित क्षेत्र भितर कउनो भी धार्मिक, सांस्कृतिक, सामाजिक कामसब (वियाह, व्रतवन्ध, भोजभतेर) करेमे रोक लगावल गईल बा ।
एहितरे पडोसी देश भारत से जुडल सीमा नाकासब मे आवात जावत पूर्ण रुप मे बन्द करेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।
उद्योगी व्यवसायीलोग कलकारखाना सञ्चालन कईला पर कामदार के आपन उद्योग, कलकारखाना परिसर भितर के होस्टल तथा क्वाटर मे राखके स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड कायम करेके बईठक से निर्णय कईले बा ।
बईठक से दवाई दोकान २४ से घण्टा खुल्ला रहेके आ खाधान्न, ग्यास, इन्धन, दूध, डेरी दोकानसब, तरकारी दोकानसब मुख्य बजार क्षेत्र मे बिक्री वितरण ना करके साइकल तथा ठेलागाडा मे राख के मात्र आउर क्षेत्र मे सबेरे १० बजे से मात्र बिक्री करे सकेके निर्णय कईले बा ।






