मिलनचौक मे पुलीस आ स्थानिय बीच झडप, पुलीस द्वारा हवाई फायर

वीरगंज १६ सावन
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ३१ मिलनचौक मे कोरोना संक्रमित के लास दाह संस्कार करेके बिषय मे तनाव भईल बा ।
कोरोना संक्रमित के लास दाह संस्कार करेके काम मे स्थानियलोग अवरोध कईला के बाद तनाव भईल बा ।
सयो के संख्या मे मिलनचौक मे जम्मा भईल स्थानियलोग आपन क्षेत्र मे लास हलावे के ना होखी कहके जिद्ध कईले बाडन ।
पुलीस स्थानियलोग के सम्झईला पर भी ना मानला के बाद बहुते संख्या मे जम्मा भईल भिड हटावे खातिर पुलीस आश्रु ग्यास आ हवाई फायर भी कईले बा ।
समाचार तइयार करे तक पुललीस ६ राउन्ड आश्रु ग्यास आ ४ राउन्ड हवाई फायर कईला पर भी स्थानियलोग पछाडी हटल नईखन ।
पुलीस आश्रु ग्यास आ हवाई फायर कईला के बाद बिरोध मे उतरल स्थानियलोग ईटापथल भी चलवले रहलन ।
स्थिति तनावपूर्ण रहल स्थानिय युवा प्रकाश कुमार बतवनी ।
नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस के बहुते उपस्थिती रहल बा आ नेपाली सेना मिलनचौक मे नइखे देखल गईल । कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल के लास हलावे खातिर दु गो जेसिभि भी मिलनचौक पुगल बा ।
कोरोना संक्रमित के लास व्यव्थापन के खातिर मिलनचौक पुगल नेपाल पुलीस, सशस्त्र पुलीस सहित जेसिभि देखते मातर स्थानियलोग बिरोध मे उतरल रहलन ।
एकरा से पहिले भी सावन १२ गते मिलनचौकबासी के अवरोध के चलते लास व्यवस्थापन मे समस्या आईल रहे ।






