माडी के चार गो मध्यवर्ती कार्यालय मे तालाबन्दी

काठमाण्डु १८ सावन
चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज चेपाङ समुदाय के घर मे आगी लगावल विरोध मे आन्दोलनरत संघर्ष समिति माडी नगरपालिका मे रहल चार गो मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति के कार्यालय मे आजु तालाबन्दी कईले बाडन ।
चेपाङ समुदाय के घर मे आगी लगावेके आ भसकावे के काम मे संलग्न कर्मचारी के कारबाही करेके लगायत १५ बुँदे माग करत बाँदरझुला सुकुम्बासी संघर्ष समिति, कुसुमखोला बस्ती व्यवस्थापन संघर्ष समिति आ बाढ पीडित बस्ती व्यवस्थापन संघर्ष समिति संयुक्त रुप मे माडी के पाँचपाण्डव, बघौडा, रेवा आ अयोध्यापुरी मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति के कार्यालय मे अनिश्चितकालीन तालाबन्दी कईल संघर्ष समिति के अगुवा राजकुमार नेपाली जानकारी देहनी ।
निकुञ्ज के मौजुदा ऐन नियम आ निकुञ्ज के कर्मचारीलोग के रवैया के बिरोध करत उलोग मध्यवर्ती खारेजी के भी माग कईले बाडन ।
मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति के कार्यालय मे तालाबन्दी कईला के बाद बाँदरझुला, कुसुमखोला आ माडी के आउर सुकुम्बासी बस्ती से आईल बाढ पीडित, सुकुम्बासी आ चेपाङलोग माडी के बसन्तपुर मे रहल माडी नगरपालिका कार्यालय अगाडि कुछ समय धर्ना भी देहल नेपाली बतवनी ।
सुकुम्बासी पीडितलोग के आन्दोलत उपर जनप्रतिनिधिलोग के धारण सार्वजनिक करेके माग करत नगरपालिका कार्यालय अगाडि कुछ समय धर्ना भी देहल उ बतवनी ।
धर्ना के सम्बोधन करत माडी नगरपालिका के प्रमुख ठाकुरप्रसाद ढकाल सुकुम्बासी, बाढ पीडित तथा चेपाङ समुदाय के अधिकार स्थापित के खातिर नगरपालिका अगुवाई करके संघर्ष करेके प्रतिवद्धता जाहेर कईल नेपाली बतवनी ।
निकुञ्ज बितल सावन ३ गते माडी–९ स्थित कुसुमखोला मे रहत आईल २ घर मे आगी लगवले रहे आ हाथी लगाके ८ घर भसकवले रहे ।





