जनकपुरधाम मे सोमार के रात से निषेधाज्ञा

जनकपुरधाम १८ सावन

कोरोना भाइरस के जोखिम के मध्यनजर करत जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका मे सोमार के रात से लागू होखेवाला किसिम से निषेधाज्ञा जारी कईल बा ।

एतवार के दिने बईठल जिल्ला सुरक्षा समिति के बईठक से जनकपुरधाम मे सोमार के रात १२ बजे से लागू होखेवाला किसिम से एक हप्ता तक के खातिर निषेधाज्ञा जारी करेके निर्णय भईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रेमप्रसाद भट्टराई जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका के साथे उत्तर मे महेन्द्रनगर लगेके औरही पुल तक निषेधाज्ञा जारी कईल जाई ।

निषेधाज्ञा के समय मे बहुते जरुरी काम बाहेक सभी के घर भितर रहे खातिर निहोरा कईल गईल उ बतवनी ।

स्थानीय प्रशासन ऐन,२०२८ के दफा ६ (३) आ संक्रामक रोग ऐन २०२० के दफा २ बमोजिम निषेधाज्ञा लगावेके निर्णय भईल भट्टराई जानकारी देहनी ।

प्रदेश २ के बीरगंज, राजविराज आ जलेश्वर मे एकरा से पहिले हि निषेधाज्ञा जारी कईल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।