पर्सा के जगरनाथपुर मे चार बरीस के लइकी उपर बलात्कृत के प्रयास

मेघराज राय
जीराभवानी १८ सावन
पर्सा जिल्ला के जगरनाथपुर गाँवपालिका मे ४ बरीस के लइकी उपर बाल यौन दुरुपयोग कईल आरोप मे पुलीस एक युवक के पकडले बा ।
जगरनाथ गाँवपालिका–२ दसौता रहेवाला १९ बरीस के रुपेश कुशवाहा पकडाईल बाडन ।
उ गाँव के चार बरीस के लइकी के भुलिया के ओरिया नदी के बाँध लगे रहल खर घारी मे बलात्कार के प्रयास कईल आरोप लागल बा ।
शनिचर के सबेरे खाना खाएके समय मे घर मे बेटी के खोजला पर ना मिलल आ खोजत गईला पर ओरिया नदी लग कपडा खोलल अवस्था मे मिलल लइकी के बाबु बतवले बानी ।
लडका के पकड के दु÷चार थप्पड मारल आ पुलीस चौकी जानकीटोला के बुझावल उ बतवनी ।
युवक के जानकीटोला ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया आ पोखरिया जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पठवले बा ।
लइकी के स्वास्थ्य जाँच करेके, युवक के बयान लेवेके लगायत अनुसन्धान के काम शुरु कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर बतवनी ।
गारजियन उजुरी देहला के बाद बाल यौन दुरुपयोग के कसुर मे मुद्धा चलावेके डिएसपी कुँवर बतवनी ।






