तेजाब आक्रमण सम्बन्धी दण्डसजाय के परिमार्जन करेके निर्देशन

काठमाण्डु, १९ सावन

प्रतिनिधिसभा महिला तथा सामाजिक समिति तेजाब (एसिड) आक्रमण सम्बन्धी कानूनी व्यवस्था आ दण्डसजाय के समयसापेक्ष परिमार्जन करेके जरुरत रहल बतावत जरुरी संशोधन करे खातिर गृह मन्त्रालय के निर्देशन देहले बा ।

समिति के आजु के बईठक मे “तेजाब आक्रमण, पीडित के अवस्था आ चालेवाला कदम” विषय मे भईल छलफल के बाद समिति पीडित के उजूरी देवे खातिर उप्रेरित करेके तथा ओईसन उजूरी उपर संवेदनशील होके तुरुन्ते सम्बोधन करेके व्यवस्था मिलावे खातिर उ मन्त्रालय के निर्देशन देहले बा ।

समिति से एसिड खरिद बिक्री काम के नियन्त्रण एवं व्यवस्थित करेके, खरिदकर्ता के विस्तृत विवरण अनिवार्य रुप मे अभिलेखिकरण करेके काम करे÷करावेके, अभी तक के एसिड आक्रमण पीडित के शारीरिक, मानसिक एंव भावनात्मक आघात के सम्बोधन करे खातिर प्रभावकारी रुप मे दवाबिरो के अनिवार्य व्यवस्था तत्काल मिलावे खातिर आ सुनिश्चित करे खातिर भी निर्देशन देहले बा ।

निर्देशन मे कहल गईल बा, ‘कानूनी सहायता तथा मनोपरामर्श प्रदान करे खातिर, शिक्षा÷उच्च शिक्षा मे छात्रवृत्ति के व्यवस्था करेके, सीपमूलक तालीम उपलब्ध करावेके, सरकारी सेवा के रोजगारी मे प्राथमिकता दिन तथा ओईसन आदमी के जीविकोपार्जन के सहज बनावे खातिर (आयआर्जन के खातिर सक्षम बनावेके) आ सामाजिक पुनःस्थापना सम्बन्ध मे कार्जक्रम तुरुन्त तईयार करके कार्यान्वयन करे खातिर सम्बन्धित निकाय के समिति निर्देश कईले बा ।’

समिति के सभापति निरुदेवी पाल तेजाब आक्रमण सम्बन्धी कानूनी व्यवस्था के सुधार करे खातिर जरुरी समन्वयन के खातिर जनानी, लईकालइकी तथा ज्येष्ठ नागरिक मन्त्रालय आ राष्ट्रिय महिला आयोग के भी निर्देशन देहल जानकारी देहनी ।

पूर्वमन्त्री थममाया थापा, समिति के सदस्य अमृता थापा, खेम लोहनी आ हीरा गुरुङ तेजाब आक्रमण करेवाला के कडा सजाय होखेके कानून बनाके प्रभावकारी कार्यान्वयन करेके बात मे जोड देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।