प्रदेश २ मे ५ सय बेड के आइसोलेसन थपाई

जनकपुरधाम २० सावन

कोरोना भाइरस (कोभिड १९) के संक्रमण बढत गईला के बाद प्रदेश २ सरकार ईलाज व्यवस्था सहित के ५ सय बेड के आइसोलेसन थपेके जनावल गईल बा ।

कोरोना भाइरस के संक्रमण बढत गईला के बाद प्रदेश सरकार मंगर के सर्वपक्षीय बईठक के आयोजना कईले रहे । बईठक मे सहभागीलोग तत्काल आइसोलेसन बेड बढावेके सुझाब देहले रहलन ।

उहे सुझाब के आधार मे तत्काल ५ सय बेड के आइसोलेसन निर्माण करेके निर्णय भईल मुख्यमन्त्री तथा मन्त्री परिषद् के कार्यालय जनवले बा ।

जरुरत भईल जगहा के पहिचान करके आइसोलेसन बेड थपेके निर्णय भईल मुख्यमन्त्री के सचवालय जनवले बा ।

कोरोना परीक्षण के तेजी देवे खातिर प्रादेशिक ल्याब जनकपुरधाम मे आरएनए अटोमेटेड एक्सट्रयाक्सन मेसिन जोडला के साथे सीमा नाका के आउर कडा करेके निर्णय भी बईठक से कईल सचिवालय जनवले बा ।

बईठक मे कोरोना नियन्त्रण सम्बन्धी अभी तक कईल निर्णयसब तत्काल कार्यान्वयन करे खातिर मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत सम्बन्धित निकाय के निर्देशन देवेके निर्णय भी कईले बा ।

बईठक मे मुख्यमन्त्री राउतसहित समाजिक विकास मन्त्री नवल किशोर साह, नेकपा संसदीय दल के नेता सत्यनारायण मण्डल, नेपाली कांग्रेस संसदीय दल के नेता राम सरोज यादव, विज्ञ समूह के सदस्य एवं पूर्वस्वास्थ्य राज्यमन्त्री डा. सुरेन्द्र यादव, प्रदेश सांसद रामाअशिष यादव, मुख्यन्यायधिवक्ता दिपेन्द्र झा, प्रमुख सचिव अर्जुनकुमार पोखरेल, डा. राम केवल साह, जीतेन्द्रकुमार यादव सहित के सहभागिता रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।