वीरगंज मे कोरोना संक्रमित सुरक्षाकर्मी राखे खातिर ४० बेड के आइसोलेसन

वीरगंज २० सावन
सानो पाइला वीरगंज मे ४० बेड क्षमता के आइसोलेसन सेन्टर सञ्चालन मे लिआईल बा ।
फ्रन्ट लाईन मे खटल सुरक्षाकर्मी के राखेके उद्देश्य से आइसोलेसन सेन्टर सञ्चालन मे लिआईल बा ।
नारायणी अस्पताल, जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रत्यक्ष निगरानी मे रहेवाला किसिम से आइसोलेसन केन्द्र मे अग्रपंक्ति मे रहके काम कर रहल समय संक्रमित भईल पुलीस आ सेना के जवानलोग के राखल जाई ।
पर्सा मे चण्डीप्रसाद गण मे कार्यरत ११ जने नेपाली सेना आ वीरगंज कारागार मे खटल ३ आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा तथा मातहत के युनिट के ५ जने करके ८ जने पुलीस मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर फ्रन्टलाइन मे खटल सुरक्षाकर्मी के खातिर अलगे आइसोलेसन सेन्टर बनावल आ सानो पाइला ओकर सञ्चालन के जिम्मा लेहल जानकारी देहनी ।
स्थानीय प्रशासन, नारायणी अस्पताल सँगे के समान्वय आ सहकार्य मे वीरगंजस्थित कलवार धर्मशाला मे ४० बेड क्षमता के आइसोलेसन केन्द्र के स्थापना कईल सानो पाइला के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत (सीईओ) कञ्चन झा जानकारी देहनी ।
नेपाल सरकार आ विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) के मापदण्ड मुताविक आइसोलेसन केन्द्र स्थापना कईल झा के दाबी बा ।
मंगर से तीन जने सुरक्षाकर्मी के आइसोलेसन मे राखल गईल सानो पाइला के जय साह जानकारी देहनी ।
सानो पाइला डब्ल्यूएचओ के मान्यता आ मापदण्ड मुताविक हि खाद्यवस्तु के प्रयोग करके खाएवाला सामान उपलब्ध करावे के प्रतिवद्धता भी जनवले बा ।
जिल्ला मे अभी तक कोरोना संक्रमित के संख्या ६ सय ७ पुगल बा ।
कोरोना विशेष अस्पतालसब मे संक्रमित राखेवाला जगहा के कमी बा ।
नारायणी कोभिड विशेष अस्थायी अस्पताल गण्डक मे १४ जने जनानी सहित ५६ जने, वीरगंज हेल्थ केयर मे २ जने जनानी सहित २६ जने के राखल गईल बा ।
त्रिजुद्ध स्कुल मे १५ जने, वीरगंज कारागार मे १२ जने, सिदार्थ स्कुल मे २४ जने, वगही प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र मे ४ जने, होटल विजय ज्योती मे ३ जने, सखुवाप्रसौनी मे ६ जने आ पटेर्वासुगौली मे ४ जने के राखल गईल बा ।
१ सय ४४ जने अभी भी बाहर बाडन । उलोग के होम आइसोलेसन मे रहेके कहल गईल बा ।
माकिर होम आइसोलेसन के मापदण्ड पुगल ना पुगल देखे खातिर संयन्त्र बनाके परिचालन कईल नइखे ।
एकरा से पहिले सानो पाइला नारायणी अस्पताल आ जनकपुर मे कोभिड–१९ के संक्रमितलोग के पौष्टिक भोजन के व्यवस्था कईले रहे ।






