नेकपा नेता सिंह आउर ईलाज के खातिर काठमाण्डु गईलें

वीरगंज २१ सावन,

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) पर्सा के नेता अरबिन्द सिंह के स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद हेलिकप्टर चार्टर्ड करके काठमाण्डु गईल बानी ।

बुध के दिने एअर डाइनेस्टि के हेलिकप्टर चार्टर्ड करके उ काठमाण्डु गईल बाडन ।

श्वास प्रश्वास मे समस्या देखल गईला के बाद सोमार के दिने उ नारायणी अस्पताल अन्तर्गत के गण्डक कोभिड अस्पताल मे भर्ना भईल उनकर परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।

अस्थायी कोभिड अस्पताल गण्डक के संयोजक डा. उदयनारायण सिंह अरविन्द मे कोरोना संक्रमण रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बतवनी ।

‘उनका मे कोभिड शंकास्पद निमोनिया भी रहे, माकिर पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद उ डिस्चार्ज होके वीरगंज के प्रभु अस्पताल गईल रहनी’ कहके बतवनी ।

प्रभु अस्पताल के मेडिकल डाइरेक्टर अभिषेक अर्याल नेता सिंह मे श्वासप्रश्वास के समस्या बढत गईला के बाद आउर ईलाज के खातिर काठमाण्डु रिफर कईल जानकारी देहनी ।

‘श्वास लेवेमे समस्या होत रहे, देह मे अक्सिजन के मात्रा भी कम देखल गईल, निमोनिया भी रहे ।

काल्हु से आजु स्वास्थ्य अवस्था आउर जटिल बनत जात रहे,’ कहत उ, ‘मरेजी के अवस्था सिरियस बा ।

सकभर बढिया अस्पताल मे लेजाई कहनी, बेटर ईलाज के खातिर काठमाण्डु रिफर कईल गईल बा ।’

हेलिकप्टर से काठमाण्डु गईल सिंह के सुरु मे त्रिवि शिक्षण अस्पताल लेगईल रहे ।

माकिर उहाँ बेड खाली ना भईला के बाद उनका के मेडिसिटी अस्पताल लेगईल नेता सिंह सँगे रहल राजन श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।

मेडिसिटी के आईसीयू मे उनकर ईलाज हो रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।