सर्लाही के नेकपा अध्यक्ष के कोरोना संक्रमण

सर्लाही २१ सावन,

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के सर्लाही जिल्ला अध्यक्ष रेवती पन्त के कोरोना संक्रमण भईल बा ।

उ बुध के दिने विज्ञप्ति जारी करके खुद के कोरोना संक्रमण देखल गईल बतवले बाडन ।

अभी उ काठमाण्डु मे डाक्टर के सल्लाह मुताविक आइसोलेसन मे रहल आ अवस्था सामान्य रहल उल्लेख कईले बाडन ।

“३÷४ दिन पहिले से हमरा हल्का बोखार आ घेँट मे कुछ असजिलो समस्या अनुभव भईल रहे । शंका लाग के काठमाण्डु मे आके स्वाब संकलन करवनी ।

पिसिआर टेष्ट कोभिड पोजेटिभ देखल गईल” उ विज्ञप्ति मे कहल बा ।

एहितरे खुद काम के सिलसिला मे कुछ भेटघाट आ छलफल कईल कहत उ लगे से आपन सम्पर्क मे रहललोग के सचेत होखेके आ परीक्षण करावे खातिर सुझाव देहले बाडन ।

“कोरोना के सामान्य बेमारी के रुपमे ग्रहण कईला के विकल्प अब हमनी सँगे ना रहल माकिर हमनी सभी सचेत होके कोरोना फईले ना देवे खातिर जरुरी मापदण्ड पालना करेके पडि” कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।