बारा मे चिकित्सक, पुलीस आ पत्रकार सहित ३० जने मे कोरोना

बारा २१ सावन,

बारा मे चिकित्सक, पुलीस आ पत्रकार सहित ३० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण के समय मे उ लोग के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र बारा के सिमरा मे १७ जने, इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी के ५ जने पुलीस आ ८ जने पचरौता नगरपालिका के स्थानीय मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल जानकारी देहनी ।

सावन १६ गते इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी मे कार्यरत प्रहरी कर्मचारी के स्वाब संकलन करके नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे परीक्षण के खातिर पठईला पर ५ जने के पीसीआर पोजेटिभ आईल बा ।

४४, ४२, १९, ३१ आ ३१ बरीस के पुलीस कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सिमरा मे चिकित्स, स्वास्थ्यकर्मी आ पत्रकार मे कोरोना
बारा के सिमरा मे १ जने चिकित्सक, ५ जने नगरपालिका के कर्मचारी, ५ जने स्वास्थ्यकर्मी लगायत १७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

१ सय ५० जने के स्वाब नमुना संकलन करके पीसीआर परीक्षण के खातिर पठावल गईला मे १७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल क्वारेन्टिन इन्चार्ज रामाकान्त रजक जानकारी देहनी ।

जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे कार्यरत २७, २६, ३१ आ २८ बरीस के ४ जने पुरुष तथा २७ बरीस के एक जने जनानी मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका ११ रहेवाला ४५ बरीस के पुरुष, वार्ड नम्बर १४ रहेवाला ६८ बरीस के पुरुष, वार्ड नम्बर ७ रहेवाला बरीस २९ के पुरुष, उहे वार्ड मे रहेवाला उमिर ना खुलल एक जने पुरुष आ बरीस २३ के एक युवती तथा उमिर आ ठेगाना ना खुलल दोसर एक जनानी मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सहरी स्वास्थ्य केन्द्र डुमरवाना मे कार्यरत २४ आ ४२ बरीस के पुरुष, पिलुवा स्वास्थ्य चौकी के ५३ बरीस के स्वास्थ्यकर्मी, प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र सिमरा के ३४ बरीस के एकजने जनानी आ ४८ बरीस के पुरुष स्वास्थ्यकर्मी मे संक्रमण देखल गईल बा ।

एहितरे काठमाण्डु के कागेश्वारी मनहरा–२ घर भईल सिमरास्थित प्रभु बैङ्क सिमरा मे कार्यरत २३ बरीस के एक जने जनानी कर्मचारी मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

पचरौता मे ८ जने मे संक्रमण
बारा के पचारौता नगरपालिका मे ८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । ५ जने जनानी सहित ८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

पचरौता नगरपालिका पीसीआर परीक्षण के खातिर २९ जने के नमुना संकलन करके प्रयोगशाला मे पठावल रहे ।

पचरौता नगरपालिका १ पिपरपाती रहेवाला ५८, २५, ५५ बरीस के तीन जने पुरुष तथा २०, १८, ४८, ४५ आ ३६ बरीस के ५ जने जनानी मे संक्रमण पुष्टि भईल प्रहरी चौकी पिपरपाती जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।