अख्तियार के २० जने मे सङ्क्रमण

काठमाण्डु, २२ सावन
अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के २० कर्मचारी मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के सङ्क्रमण देखल गईल बा ।
इपिडिमियोलोजी तथा सरुवा रोग नियन्त्रण महाशाखा के मेडिकल टेक्नोलोजिस्ट धनप्रसाद पौडेल मंगर के दिने कईल ८० जने के परीक्षण मे २० जने कर्मचारी के सङ्क्रमण देखल गईल जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले आयोग मे १५ जने कर्मचारी मे सङ्क्रमण देखल गईल रहे ।
उ सङ्क्रमण देखल गईल अधिकांश अग्रपङ्क्ति मे काम करेवाला कर्मचारी आ सुरक्षाकर्मी बाडन ।
एहितरे बितल मंगर के दिने हि महाशाखा प्रधानमन्त्री निवास बालुवाटार आ परराष्ट्र मन्त्रालय के कर्मचारी मे कईल परीक्षण मे सङ्क्रमण ना देखल गईल पौडेल बतवनी ।
प्रधानमन्त्री निवास बालुवाटार मे ६० आ परराष्ट्र मन्त्रालय के १८ कर्मचारी के स्वाब सङ्कलन कईल रहे ।
अख्तियार मे थुनुवा आ सङ्क्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ कईला पर लगे रहल कर्मचारी के तथा परराष्ट्र मे जापान से आईल एक जने मे सङ्क्रमण मिलला के बाद उ लगे के कर्मचारी के परीक्षण के खातिर स्वाब सङ्कलन कईल रहे ।
एहितरे महाशाखा स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय, सर्वाेच्च अदालत आ जिल्ला अदालत काठमाण्डु मे कोभिड–१९ परीक्षण के खातिर स्बाव सङ्कलन कर रहल बा ।
मन्त्रालय मे ८२, सर्वोच्च आ जिल्ला अदालत मे ३०० जने के स्वाब सङ्कलन कईल महाशाखा के मेडिकल टेक्नोलोजिस्ट पौडेल जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले महाशाखा अग्रपङ्क्ति मे काम होखेवाला कार्यालय बैंक, मालपोत तथा नापी, यातायात कार्यालय मे काम करेवाला पाँच हजार कर्मचारी के पिसिआर परीक्षण कईले रहे ।






