कोरोना संक्रमण से आउर ५ जने के मृत्यु

काठमाण्डु २३ सावन
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से शुक के दिने आउर पाँच जने के मृत्यु भईल बा ।
पाटन अस्पताल मे २, धरान के वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठा, विराटनगर के कोशी अस्पताल आ वीरगंज के गण्डक अस्थायी कोभिड अस्पताल मे १÷१ जने के मृत्यु भईल बा ।
पाटन अस्पताल के आईसीयू मे सर्लाही के ४५ बरीस के पुरुष आ रुपन्देही सुनौली के ४१ बरीस के जनानी के कोरोना संक्रमण से शुक के सबेरे मृत्यु भईल बा ।
सर्लाही के पुरुष के कुकुर कटले रहे आ सावन १९ गते अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।
आईसीयू मे भर्ना भईल उनकर शुक के दिने सबेरे ८ बज के ४० मिनेट मे मृत्यु भईल बा ।
एहितरे रुपन्देही, सुनौली के जनानी भी सावन १९ गते हि अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।
पाठेघर के क्यान्सर आ निमोनिया के बेमार उनकर ईलाज के समय मे शुक के दिन के ११ बजे के समय मृत्यु भईल स्वास्थ्य कार्यालय, ललितपुर के प्रमुख डा. खगेश्वर गेलाल जानकारी देहनी ।
सिराहा के युवक के धरान मे मृत्यु
सिराहा के गोलबजार नगरपालिका–१२ के २१ बरीस के युवक के धरानस्थित बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे ईलाज के समय मे बियफे के रात मृत्यु भईल रहे ।
सिराहा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रदीपराज कँडेल के मुताविक मिर्गाैला रोगी उ डायलासिस सेवा लेवे खातिर धरान पुगल रहनी ।
उनका के कुछ दिन पहिले कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
कोशी अस्पताल मे एक जने के मृत्यु
कोशी अस्पताल के आइसोलेसन कक्ष मे ईलाज करा रहल विराटनगर महानगरपालिका– ९ के ५८ बरीस के पुरुष मे मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
शुक के सबेरे मृत्यु भईल उनकर दिनके कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. चुमनलाल दास जानकारी देहनी ।
विराटनगर के निजी स्वास्थ्य संस्था मे ईलाज ना मिलला के बाद शुक के सबेरे ९ बजे के समय मे आफन्त उनका के कोशी अस्पताल लिआईल रहलन ।
‘आइसोलेसन मे राख के जाँच कईला पर मृत्यु भइल रहे’ डा. दास कहनी कि, ‘कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण देखल गईला से स्वाब संकलन कईल गईल रहे ।’
एक हप्ता से बोखार आ खोकी के समस्या देखल गईल उनका मे उच्च रक्तचाप के समस्या भी रहे ।
वीरगंज मे एक जने के मृत्यु
वीरगंजस्थित नारायणी अस्थायी कोभिड विशेष अस्पताल मे शुक के सबेरे मृत्यु भईल बुढ मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज–३ छपकैया के ६५ बरीस के बुढ के मृत्यु के बाद कईल परीक्षण मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
कोभिड अस्पताल के इमर्जेन्सी कक्ष मे ईलाज के समय मे सबेरे उनकर मृत्यु भईल रहे ।
उनका के ४÷५ दिन बोखार अईला पर भी बोखार ठिक भईल रहे । माकिर सावन २२ गते रात उनका के अचानक साँस लेवेमे समस्या भईला के बाद परिवार के सदस्य एडभान्स अस्पताल लेगईल रहे ।
एकरा सँगे सावन मे मात्र पर्सा मे कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या १६ पुगल बा । कोरोना संक्रमण से वीरगंज के एक पुरुष के काठमाण्डु मे मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज मे ईलाज के समय मे बारा के २ जने आ रौतहट के १ जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा । वीरगंज मे एगो वेवारिसे लास मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
शुक के सँझिया तक नेपाल मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ७३ पुगल बा ।
स्वास्थ्य मन्त्रालय सार्वजनिक कईल विवरण मे ७० जने के मृत्यु भईल उल्लेख बा ।
उ तथ्यांक मे शुक से हि वीरगंज, विराटनगर आ पाटन अस्पताल मे भईल रुपन्देही सुनौली के जनानी के मृत्यु समावेश नइखे ।






