वीरगंज मे एके दिन १४२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज २३ सावन,
वीरगंज मे सेना, पुलीस, चिकित्सक सहित आउर १४२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल पीसीआर परीक्षण के समय मे उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एके बेर एतना बेसी संख्या मे कोरोना संक्रमण देखल गईल पर्सा मे पहिलका बेर ह ।
संक्रमित मेसे २२ जने जनानी बाडि आ रौतहट आ बारा के ४÷४ जने रहल बाडन ।
बियफे के गण्डक कोरोना अस्पताल मे मृत्यु भईल वीरगंज–११ के ५७ बरीस के पुरुष आ घर मे मृत्यु भईल ७९ बरीस के बुढ भी ई संख्या मे समावेश बाडन ।
उ बाहेक नेपाली सेना के ५ जने, १ जने प्रहरी, ४४ जने थुनुवा, नारायणी बयोधा अस्पताल के ५ जने चिकित्सक सहित १५ जने, वीरगंज–२५ सिर्सिया क्षेत्र मे ३९ जने लगायत मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल ७२ बरीस के बुढ, ६८ बरीस के बुढ, २१ बरीस के जनानी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के ३३ बरीस के कर्मचारी मे भी कोरोना देखल गईल बा । एकरा से पहिले वीरगंज महानगर के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सहित १० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा ।
५ दिन से बोखार आके शंकास्पद संक्रमित के रुप मे कोरोना विषेश अस्पताल गण्डक मे भर्ना भईल बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–१ के ३७ बरीस के पुरुष, बोखार लागेके मुडि दुखाएके आ कमजोरी के समस्या लेके नेशनल मेडिकल कलेज मे भर्ना भईल बारा च्युटाहा के २३ बरीस के युवक, तराई अस्पताल मे ईलाज करा रहल ४५ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
६ दिन से बोखार आके कोरोना जाँच करावल वीरगंज–११ फूलबारी टोल के ५३ बरीस के, ५ दिन से बोखार आके कोरोना जाँच करावल वीरगंज– १० आदर्शनगर के ५० बरीस के जनानी, ५५ आ २४ बरीस के पुरुष मे, बोखार आके कोरोना जाँच करावल वीरगंज–१७ अलौं के ६९ बरीस के, बारा के जीतपुरसिमरा के ३५ बरीस के महिला, खोकी लाग के कोरोना जाँच करावल वीरगंज–७ के ३६ बरीस के पुरुष मे कोरोना देखल गईल बा ।
बयोधा अस्पताल मे चिकित्सक सहित १५ जने मे संक्रमण
नारायणी बयोधा अस्पताल मे कार्यरत चिकित्सक, स्टाफ नर्स, हाउस किपिङ के कर्मचारी मे कोरोना देखल गईल बा ।
वीरगंज–१३ तेजारथ टोल रहेवाला २९ बरीस के, बारा के परवानीपुर गाँवपालिका–३ रहेवाला २८ बरीस के, वीरगंज– १४ पिप्रा के ३८ बरीस के, वीरगंज मुर्ली के २७ बरीस के आ वीरगंज–१३ श्रीपुर के ३३ बरीस के करके ५ जने नारायणी बयोधा अस्पताल मे कार्यरत ५ जने चिकित्सक मे कोरोना देखल गईल बा ।
वीरगंज के गण्डक बहुअरी रहेवाला ३८ बरीस के, वीरगंज–१८ भवानीपुर रहेवाला २४ बरीस के, वीरगंज–१२ मुर्ली रहेवाला २२ बरीस के पुरुष तथा वीरगंज–१५ भिश्वा रहेवाला २२ बरीस के, वीरगंज–१० घडिअर्वा रहेवाला २२ बरीस के करके ५ जने स्टाफ नर्स आ वीरगंज के ३३ आ २३ बरीस के, वीरगंज–२३ सबैठवा के २५ बरीस के, वीरगंज गण्डक के २० बरीस के हाउस किपिङ कर्मचारी आ वीरगंज रानीघाट रहेवाला ३० बरीस के सेक्युरिटी गार्ड मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
एहितरे नेशनल मेडिकल कलेज मे कार्यरत ३० बरीस के चिकित्सक मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज–२५ सिर्सिया खाल्वाटोला मे कईल मास टेष्टिङ मे ४७, ३२, १८, २१, ५५, ६५, ६०, ३५, ६२, ४५, १५, ५४, ४८, ७०, ४८, ७२, ३२, ४०, ३१, ४८, ५०, २६, ३०, ५२, ४३, ५०, ७०, ५८, ३७, २२ आ ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना देखल गईल बा ।
संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल वीरगंज–१० अशोकबाटिका के ७५, ४७ बरीस के पुरुष आ ८ बरीस के लईका, ४२, २९, २०, १८ बरीस के जनानी आ १५ बरीस के किशोरी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका–९ के ५४ बरीस आ पर्सागढी–४ के ४३ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
खुदे कोरोना जाँच करावल वीरगंज–२ छपकैया २३ बरीस के, वीरगंज–११ के ४० बरीस के पुरुष, ४७ बरीस के जनानी, वीरगंज–१५ प्रतिमा चोक रहेवाला ४९ बरीस के, वीरगंज पृथ्वीनगर रहेवाला २९ बरीस के, वीरगंज गणेशचौक रहेवाला ३४ बरीस के, वीरगंज–९ रानीघाट रहेवाला ६५ बरीस के, भेटेनरी हस्पीटल वीरगंज मे कार्यरत ५० बरीस के पुरुष, वीरगंज–११ मुर्ली के ४७ बरीस के, वीरगंज–१४ पिप्रा के २६ बरीस के, वीरगंज राधेमाई टोल रहेवाला ४२ बरीस के, वीरगंज–२१ परवानीपुर रहेवाला ४९ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
मास ट्रेसिङ के समय मे वीरगंज– २ छपकैया के २३ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना देखल गईल बा ।वीरगंज कारागार मे कईल स्वाब संकलन के समय मे चण्डी प्रसाद गण के ३३, २७, ३५, ३७ बरीस के नेपाली सेना आ २९ बरीस के जनानी आ ६३ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
रौतहट के इसनाथ नगरपालिका–२ लक्ष्मीनिया के २३ बरीस के पुरुष, २४ आ ५० बरीस के जनानी, गौर नगरपालिका–२ रौतहट के ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना देखल गईल बा ।






