पशुपन्छी के ईलाज वैज्ञानिक आ आधुनिक तरिका से होखी :मन्त्री भुसाल

काठमाण्डु, २३ सावन
कृषि तथा पशुपन्छी विकासमन्त्री घनश्याम भुसाल नेपाल मे पशुपन्छी मे लागेवाला अनेकन बेमारी के अब वैज्ञानिक आ आधुनिक तरिका से ईलाज करेके बतवले बानी ।
इहाँ आजु केन्द्रीय रिफरल पशु चिकित्सालय के नवनिर्मित भवन के उद्घाटन कार्जक्रम मे उ पशुपन्छी के संरक्षण करत उ क्षेत्र मे आउर सेवा विस्तार करके जनता के कृषि मे आत्मनिर्भर बनावे के प्रतिबद्धता व्यक्त कइनी ।
कोभिड–१९ से विश्व हि आक्रान्त बनल अवस्था मे अब नेपाल मे कृषि क्रान्ति कईला के विकल्प ना भईल उनकर कहनाम रहे ।
मन्त्री भुसाल पशुपन्छी के विकास आ संरक्षण मे लागे खातिर सभी से निहोरा कइनी ।
पशु सेवा विभाग के महानिर्देशक डा वंशी शर्मा केन्द्रीय रिफरल पशु चिकित्सालय के भवन निर्माण भईल आधुनिक तरिका से पशु के सेवा करे खातिर भेटेरिनरी सेवा के खातिर कोसेढुङ्गा सावित होखेके बतवनी ।
उ चिकित्सालय से आवेवाला दिन मे आधुनिक सेवा देवेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
चिकित्सालय के प्रमुख पशु चिकित्सक डा टङ्कप्रसाद प्रसाईं सरकार के पशुपन्छी के क्षेत्र मे लगानी करे खातिर निहोरा करत चिकित्सालय से होखेवाला आन्दानी के पशु के विकास मे लगावे खातिर निहोरा कइनी ।
पशुपन्छी के क्षेत्र मे गहनरूप मे अध्ययन÷अनुुसन्धान होखे सकला पर उलोग के ईलाज मे सहजता लियावे सकेके उनकर कहनाम रहे ।
करिब रु १६ करोड के लागत मे त्रिपुरेश्वर, काठमाण्डु मे आठ रोपनी जमिन मे पाँच तले चिकित्सालय के भवन निर्माण कईल बा ।





