नेशनल मेडिकल कलेज के कोभिड अस्पताल बनावे के निर्णय

वीरगंज २४ सावन

कोरोना भाइरस के संक्रमण बढला सँगे जिल्ला संकट व्यवस्थापन केन्द्र, पर्सा नेशनल मेडिकल कलेज के कोभिड–१९ अस्पताल बनावे के निर्णय कईले बा ।

समिति के शनिचर के दिने बईठल बईठक से अभी सञ्चालन मे रहल कोभिड–१९ अस्पतालसब मे वेड कमी भईला से नेसनल के कोभिड अस्पताल बनावे खातिर केन्द्रीय संकट व्यवस्थापन केन्द्र आ स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के सिफारिस कईले बा ।

बईठक से लक्षण ना भईल तथा सामान्य लक्षण भईल संक्रमित के राखे खातिर सामुदायिक आइसोलेसन सेन्टर सञ्चालन करेके निर्णय भी कईले बा ।

सदरमुकाम बाहर भी संक्रमण फईलला से जटिल लक्षण भईल संक्रमित के मात्र वीरगंज लियावे के आ आउर के स्थानीय तह सामुदायिक आइसोलेन सेन्टर स्थापना करेके व्यवस्थापन करेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।