जनकपुरधाम के मृतक मे कोरोना पुष्टि

धनुषा, २६ सावन
जनकपुरधाम मे एतवार के दिने मृत्यु भईल दु जने मेसे एक जने मे कोरोना सङ्क्रमण पुष्टि भईल बा ।
जनकपुरधामस्थित विनय तारा फाउन्डेसन क्यान्सर अस्पताल मे मृत्यु भईल उहे अस्पताल के सुरक्षा गार्ड भी रहल धनुषा मिथिला विहारी के ४७ बरीस के पुरुष मे कोरोना सङ्क्रमण पुष्टि भईल बा ।
सरदी खोकी आ पेटझरी सँगे बोखार अईला के चलते गाँव मे दवाई किन के खा रहल अवस्था मे एतवार के दिने सबेरे अचानक श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद अस्पताल पुगावते मातर उनकर मृत्यु भईल रहे । उनकर एतवार के दिने हि दाहसंस्कार कईल गईल बा ।
एहितरे काब्या हस्पिटल मे मृत्यु भईल शहीदनगर नगरपालिका के पुरुष मे कोरोना सङ्क्रमण पुष्टि भईल नइखे उनकर स्वाब नमूना परीक्षण के नतिजा नेगेटिभ आईल बा । उ मुटु आ दम के मरेजी रहनी ।
काब्या अस्पताल भी उनका मे कोरोना के कउनो लक्षण ना रहल दाबी करत आईल रहे ।
उनकर भी परिवारजन के जिम्मा लगाके दाहसंस्कार भइल धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रेम भट्टराई जानकारी देहनी ।