भारत मे कोभिड–१९ समाप्त ना होखे तक नेपाल मे जोखिम रही : मन्त्री ढकाल

काठमाण्डु, २७ सावन

स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्यामन्त्री भानुभक्त ढकाल भारत मे कोभिड–१९ समाप्त ना होखे तक नेपाल मे भी जोखिम रहेके बतवले बानी ।

परोपकार प्रसूति तथा स्त्रीरोग अस्पताल के ६१ वाँ वार्षिकोत्सव समारोह के अजाु सम्बोधन करत उ भारत सँगे खुला सिमाना भईला के चलते उहाँ कोभिड–१९ समाप्त ना होखे तक नेपाल मे भी जोखिम बढत रहेके जानकारी देहनी ।

उ बन्दाबन्दी (लकडाउन) खुलला सँगे आदमी स्वास्थ्य के न्यूनतम मापदण्ड लागू ना कईला पर कोभिड–१९ के सङ्क्रमण बढल बतवनी ।

उ सरकार से प्रभावकारी कदम चालला के चलते आउर देश से नेपाल मे सङ्क्रमित के सङ्ख्या तथा मृत्युदर भी कम रहल उल्लेख कइनी ।

“मन्त्रालय से प्रक्षेपण कईल मुताविक इहे सावन २५ गते तक खराब अवस्था मे ९१ आ आवेवाला भादो २ गते तक मध्यम अवस्था मे ३९ हजार पुगेके अनुमान कईल रहे”, कहत उ, “माकिर सरकार के कोभिड–१९ नियन्त्रण तथा रोकथाम मे खेलल भूमिका आ स्वास्थ्यकर्मी के प्रयास के बाबजुद हमनी उ अनुुमान कईल सङ्ख्या से कम हि सङ्क्रमित रहल बाडन ।”

मन्त्री ढकाल पहिले देखल गईल जगहा मे फेनु सङ्क्रमित देखाई देवे लागल जनावत लक्षण ना देखलगईल सङ्क्रमित के चिकित्सक के निगरानी मे घर मे रहल आइसोलेसन मे राखेके जानकारी देहनी ।

“आउर देश मे सङ्क्रमित भईल जगहा मे फेनु भयाभह रूप मे सङ्क्रमित देखल गईल नइखन माकिर इहाँ पहिले सङ्क्रमित देखल गईल जगहा मे फेनु सङ्क्रमित लउके लागल बाडन”, कहत उ, “वीरगंज, बाँके, उदयपुर, कैलाली जईसन जगहा मे फेनु भी सङ्क्रमित लउके लागल बाडन ।

ओहिसे आउर सतर्कता अपनावल जरुरी रहल बा ।”

उ सरकार कोभिड–१९ नियन्त्रण करे खातिर सकेभर प्रयास कर रहल कहत जथाभावी आलोचना ना करे खातिर निहोरा कइनी ।

“हमनी अभी तक जउन उपाय अपनाके नियन्त्रण आ रोकथाम कईल जाज सकता । उ सभी कईले बानी ।

अभी तक हमनी से कईल उपाय नइखे भईल त सुझाव दिं”, कहत उ, “हमनी के उ सुझाव बढिया लागला पर रोकथाम मे सहजोग पुगाई । माकिर अनावश्यक आलोचना ना करीं ।”

कार्जक्रम मे काठमाण्डु महानगरपालिका के प्रमुख विद्यासुन्दर शाक्य अस्पताल के सेवा के आउर प्रभावकारीरूप मे लेजाए के सुझाव देहनी ।

मन्त्रालय के प्रमुख विशेषज्ञ डा रोशन पोखरेल आ स्वास्थ्य सेवा विभाग के महानिर्देशक डा दीपेन्द्ररमण सिंह लगायत अस्पताल से सेवा के आउर व्यवस्थित बनावे के बतवनी ।

अस्पताल के निर्देशक डा सङ्गीता कौशल मिश्रा अस्पताल के सेवा आउर विस्तार करे लागल जानकारी देहनी ।

उ संविधान से हि स्वास्थ्य सेवा के निःशुल्क प्राप्त करेके हक सुनिश्चित कईला से गरिब, असहाय, विपन्न के आर्थिक कमी के चलते कउनो भी मरेजी ईलाज करे से वञ्चित होखे ना देवेके बतवनी ।

विसं २०१६ मे स्थापना भईल ४० श्यया से अस्पताल मे अभी ४१५ श्यया रहल बाडन ।

अस्पताल मे अभी प्रसूति रोगसम्बन्धी सभी ईलाज, आमा सुरक्षा, नवजात शिशु उपचार कार्जक्रम, परिवार नियोजन तथा सुरक्षित गर्भपतन, निःसन्तान तथा बाँझोपन, क्यान्सर तथा युरो गाइनोकोलोजी के सेवा प्रदान करत आरहल बा ।

बितल आर्थिक बरीस २०७६÷७७ मे ११ लाख १९ हजार ६२५ जने के बहिरङ्ग सेवा, २२ हजार ४६१ गर्भवती के सुत्केरी आ १० हजार ९७७ जने शल्यक्रिया कईल अस्पताल जनवले बा ।

पिसिआर मेसिन जडान
उहे अवसर मे काठमाण्डु महानगरपालिका अस्पताल के उपलब्ध करावल पिसिआर मेसिन जडान कईल बा ।

महानगरपालिका के प्रमुख डा शाक्य उ पिसिआर मेसिन के आजु उद्घाटन कइनी ।

अस्पताल के निर्देशक डा मिश्रा भर्ना भईल आ गर्भवती के कोभिड–१० परीक्षण करेमे सजिलो होखेके बतवनी ।

महानगरपालिका से मेसिन आ अस्पताल से कोभिड–१९ परीक्षण करे खातिर किट के व्यस्थापन करी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।